Heeramandi: कई साल बाद कमबैक के तइयार मनीषा कोइराला आ मुमताज, संजय लीला भंसाली के ‘हीरामंडी’ में आई लो नजर! 

Anurag Ranjan

बॉलीवुड के निर्देशक संजय लीला भंसाली अपना सुपरहिट फिलिमन खातिर जानल जालें। इनकर फिलिम बरिसन से बॉक्स ऑफिस पs बढ़िया प्रदर्शन कइले बाड़ी सऽ। हालही में रिलीज भइल उनकर फिलिम ‘गंगुबाई कठियावाड़ी’ बॉक्स ऑफिस पs सौ करोड़ से अधिका के कमाई कइले रहे। बड़का परदा पs धूम मचवला के बाद संजय जल्दिए ओटीटी के दुनिया में डेब्यू करे वाला बाड़न। संजय जल्दिए दर्शकन खातिर वेब सीरीज ‘हीरामंडी’ ले आवे वाला बाड़न। हाले में उनकर एगो तस्वीर बॉलीवुड के दु गो अभिनेत्रियन के साथे सामने आईल बा, जेकरा बाद उनकर एह वेब सीरीज के चर्चा तेज हो गईल बा।

ई दुगो अभिनेत्री आ सकत बा लो नजर

सोशल मीडिया पs वायरल भईल तस्वीर मुमताज आउर मनीषा कोइराला के हs। संजय लीला भंसाली एह तस्वीर में दुनो अभिनेत्री के संगे देखाई देत बाड़े। सोशल मीडिया पs ई तस्वीर सामने आवते लोग अंदाज लगावे लागल कि ‘हीरामंडी’ में दुनु लोग के जल्दिए देखल जा सकेला। हालांकि संजय के ओर से अभी तक कवनो प्रतिक्रिया नईखे मिलल। बता दीं कि एकरा से पहिलहु कुछ रिपोर्ट में दावा कईल गईल रहे कि माधुरी दीक्षित, ऋचा चढ़ा, हुमा कुरैशी, सोनाक्षी सिन्हा के एह सिरीज में देखल जा सकत बा।

पहिलहु साथे कs चुकल बा लो काम

ई तस्वीर मनीषा कोइराला अपना आधिकारिक इंस्टाग्राम अकाउंट से पोस्ट कइले बाड़ी। फोटो में तीनो लोग बहुत खुश देखाई देता लो। मनीषा एह तस्वीर के कैप्शनो देले बाड़ी। उ लिखले बाड़ी कि “लीजेंड्स के कंपनी में.. हमरा अईसन रचनात्मक लोग के संगे रहला से बहुत प्यार बा… बहुत… हमार चेहरा एकरा के बतावत बा।” बता दीं कि संजय आ मनीषा एकरा पहिले एक संगे फिलिम खामोशी में काम कईले रहे लो। एह फिलिम में सलमान खान मुख्य भूमिका में रहले।

45 साल के बाद मुमताज के वापसी

अगर मीडिया रिपोर्ट के दावा पs विश्वास कईल जाव तs मुमताज संजय के एह वेब सीरीज से 45 साल बाद फेर से अभिनय जगत में वापस ले आवे वाला बाड़े। खबर के मोताबिक, संजय पहिलहु एह सीरीज खाती उनका से संपर्क कईले रहले, लेकिन ओकरा बाद उ कुछ कारण से एह प्रोजेक्ट पs काम करे से इनकार कs देली। अब एह तस्वीर के सामने अइला के बाद ‘हीरामंडी’ के कलाकारन के बारे में चरचा एक बेर फेर तेज हो गइल बा।

साभार: अमर उजाला

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।