द फैमिली मैन 3: निमरत कौर के भइल एंट्री,श्रीकांत’ मनोज बाजेपयी पऽ बोलिहें धावा

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2024

‘द फैमिली मैन’ वेब सीरीज के तिसरका सीजन केप्रशंसक बेसब्री से इंतजार कर रहल बाड़े। एमें जयदीप अहलावत खलनायक के किरदार में नजर अइहें। बाकिर ताजा रिपोर्ट में कहल गइल बा कि मेकर एह शो

Share

‘द फैमिली मैन’ वेब सीरीज के तिसरका सीजन केप्रशंसक बेसब्री से इंतजार कर रहल बाड़े। एमें जयदीप अहलावत खलनायक के किरदार में नजर अइहें। बाकिर ताजा रिपोर्ट में कहल गइल बा कि मेकर एह शो के दुसरका खलनायक निमरत कौर के चुनले बाड़े।

बॉलीवुड बबल के नाया रिपोर्ट के मुताबिक ‘द फैमिली मैन 3’ के निर्माता निमरत कौर के साइन कइले बाड़े। एह शो में उऽ दुसरका खलनायक बन सकेली।

जयदीप अहलावत अबहीं ले सीक्रेट बनल बाड़े

एगो सूत्र बॉलीवुड हंगमा के बतवले बा कि जयदीप अहलावत एह कलाकारन में शामिल हो गइल बाड़न आ नागालैंड में शूटिंग करत बाड़न। मेकर फिलहाल उनकर भूमिका गुप्त रखले बाड़े। एहसे अबहीं ले एह धारावाहिक में उनका किरदार का बारे में कवनो खास जानकारी नइखे दिहल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.