हो जाइ महामनोरंजन खातीर तइयार! OTT पे दस्तक देवे वाला बा ‘कालकूट’ से लेके ‘माहिम’ जइसन 5 वेब सीरीज

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2023

    Web Series to watch on बिंज वॉचर लोग लगातार ओटीटी प्लेटफार्म पे खोजत रहेला कि ओह लोग खातिर का नया बा। काहे कि अब ओह लोग के परदा पे दुनिया भर के बेहतरीन

Share

 

 

Web Series to watch on बिंज वॉचर लोग लगातार ओटीटी प्लेटफार्म पे खोजत रहेला कि ओह लोग खातिर का नया बा। काहे कि अब ओह लोग के परदा पे दुनिया भर के बेहतरीन वेबसीरीज आ सिनेमा मिल जाला। अइसना में अब दर्शकन खातिर वेब सीरीज के एगो नया खजाना उपलब्ध होखे वाला बा। जल्दिये ओटीटी पे 5 गो बड़ बजट आ दमदार कलाकारन के वेबसीरीज रिलीज होखे वाला बा। वायकॉम एके बेर में कई गो नया फिलिम आ वेबसीरीज के एलान कइले बा। आईं एह वेबसीरीज के पूरा लिस्ट देखल जाव…

1. गांठ चैप्टर 1: जमना पार

मानव विज आ मोनिका पंवार अभिनीत ई वेबसीरीज क्राइम-थ्रिलर जोन के हबा। एकर निर्देशन कनिष्क वर्मा कइले बाड़न। एह वेबसीरीज के पोस्टर अतना दमदार बा कि लोग एकर बेसब्री से इंतजार करत बा।

2. कालकूट

‘मिर्जापुर’ के बाद अब एक बेर फेरु दू गो बड़का सितारा एक संगे आवे वाला बाड़े। हॅंं! अब ‘कालकूट’ में विजय वर्मा आ श्वेता त्रिपाठी एक संगे देखे के मिली। ई सुमित सक्सेना के वेब सीरीज ह जवन एगो इन्वेस्टिगेशन ड्रामा ह।

3. चीकू

मुंबई में रहे वाला एगो दक्षिण भारतीय लईका के कहानी देख के सचमुच लोग प्रभावित हो रहल बा। ‘चीकू’ के कहानी अय्यर समुदाय के एगो 21 साल के तमिल ब्राह्मण लईका के बा, जवन मुंबई में रहेला। एह वेबसीरीज में साउथ के दमदार अभिनेता प्रकाश राज जइसन बहुते कलाकार बाड़े। एकर निर्देशन राजेश मापुस्कर कइलेबाड़न।

4. ट्रांजिशन

आजकल लोग आपन सेक्सुअल च्वाइस खुल के करे में विश्वास करेले। अइसना में ‘ट्रांजिशन’ एगो बेवसीरीज ह जवन एगो ट्रांस महिला के कहानी सामने ले आवत बा।  जवना से उनुकर संघर्ष देखाई दिही।

5. माहिम

दुनिया भर में पढ़ल Jerry Pinto के हत्या के रहस्य उपन्यास ‘मर्डर इन मिस्ट्री’ के कहानी पे आधारित भारतीय वेबसीरीज ‘महिम’ रिलीज होखे वाला बा।

 

Tags:

,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.