Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

खुद से बियाह रचावे वाली क्षमा बिंदु के शादी करावे से पंडित जी के इनकार, अब टेप पs मंत्र बजाके करिहें रस्म

खुद से बियाह रचावे के ऐलान कs के चरचा में आइल क्षमा बिंदु के मुश्किल बढ़त लउक रहल बा। एगो वर्ग उनका फसीला के महिला लोग के स्वतंत्रता से जोड़के देख रहल बा तs कुछ लोग विरोध कर रहल बा।

495

खुद से बियाह रचावे के ऐलान कs के चरचा में आइल क्षमा बिंदु के मुश्किल बढ़त लउक रहल बा। एगो वर्ग उनका फसीला के महिला लोग के स्वतंत्रता से जोड़के देख रहल बा तs कुछ लोग हिंदुत्व के नाव पs विरोध कर रहल बा। शायद इहे वजह बा कि पहिले क्षमा बिंदु के बियाह करावे पs सहमति देवे वाला पंडित अब पीछे हट गइल बाड़े। पुजारी के कहनाम बा कि ऊ एह बियाह के नइखे करा सकत। क्षमा बिंदु कहली, ‘जवन पंडित जी पहिले एह वियाह के संपन्न करावे के बात कहले रहस, अब ऊ एकरा से पीछे हट गइल बाड़े। हम अब टेप पसे मंत्र चलाके बियाह के रस्मन के पूरा कs लेब।’

मंडप सजी आ जयमालो होई, बाकिर ना आई बारात

क्षमा बिंदु के कहनाम बा कि एक बेर मैं पारंपरिक तरीका से विवाह कs लीं तs फेर ओकरा बाद एकर कानूनी तरीका से रजिस्ट्रेशनो कराएम। ऊ कहली, ‘एक बेर हम खुद से बियाह कs लीं, ओकरा बाद एकर पंजीकरनो कराएम। ई पंजीकरण कवनो आउर कपल के जइसने होई।’ अइसन शादियन के लेके भारत में कवनो कानून ना होखला के बात पs ऊ कहली कि हs ई बात सही बा कि भारत में एकरा के लेके कवनो कानून नइखे, बाकिर इहो ओतनही सांच बा कि अइसन शादी कइल अवैध नइखे। अइसे में हम पंजीकरण खातिर आवेदन करेम आ हमार बियाह शादी वैध होई।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.