Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

त्रिपुरा के नवका कैबिनेट में दुगो नाया चेहरा , 9 गो पुरान मंतरी लिहल लो शपथ, जानीं माणिक साहा के टीम में के-के बा?

त्रिपुरा में मुख्यमंत्री बदलला के बाद राजभवन में विधायक लो मंत्रिपद के शपथ लिहल। 11गो विधायक लो के मंत्री बनावल गइल बा जेमे खाली दु गो नाया चेहरा बा। 9 गो पुरान मंत्री लो पs भरोसा जतावल गइल बा।

194

त्रिपुरा में मुख्यमंत्री बदलला के एके दिन बाद 11 गो विधायक लो के मंत्रिमंडल में शामिल कइल गइल बा। एमे से 9 गो पुरान चेहरा बा। बता दीं कि माणिक साहा त्रिपुरा के नाया मुख्यमंत्री बनल बाड़े। ऊ कांग्रेस छोड़के भाजपा में शामिल भइल रहस। सोमार के अगरतला में राजभवन में 11 विधायक मंत्रिपद के शपथ लिहल लो।

 

गवर्नर सत्यदेव नाराण आर्य जवन-जवन विधायकन के मंत्रिपद के शपथ दियवले ओमे जिश्नु देववर्मा, रतन लाल नाथ, प्राणजित सिंह रॉय, मनोज कांति देव, शांतना चाकमा, राम प्रसाद पॉल, भगवान चंद्र दास, सुशांत चौधरी, एनसी देववर्मा शामिल बाड़े। दु गो नाया मंत्री में रामपदा जमातिया आ प्रेम कुमार रियांग के शामिल कइल गइल बा।

 

 

जमातिया पूर्व मुख्यमंत्री बिप्लव कुमार देव के सरकार में फिशरीज मिनिस्टर रह चुकल बाड़े। जमातिया भाजपा के एसटी मोर्चा के दिग्गज नेता हवे। ओहिजा प्रेम कुमार रियांग आईपीएफटी विधायक हवे। ऊ कंचनपुर विधानसभा से चुनके आइल रहस। जिश्नु वर्मा उपमुख्यमंत्री के पद पs बनल रहिहे।

 

शपथ ग्रहण के बाद रामपदा जमातिया रिपोर्ट्स से कहले कि नाया मुख्यमंत्री के नेतृत्व में 2023 के विधानसभा चुनाव लड़ल जाई। हम विधायक के तौर पर काम कर चुकल बानी आ अब मंत्री के रूप में काम करे के बा। सभे साथ रही तs निश्चित तौर पs विकास होई। प्रेम कुमार कहले, जवन कवनो काम हमरा के दिहल जाई हम ओकर जिम्मेदारी से ओकर निर्वहन करेम। हमरा अपना क्षेत्र में पेय जल आ शिक्षा खातिर काम करे के बा।

 

साल 2018 में जब बिप्लव देव मुख्यमंत्री बनल रहस तs 12 में से खाली 9 सीट भरल रहे। एकरा एक साल बादे स्वास्थ्य मंत्री सुदीप रॉय वर्मन इस्तीफा दे देहले। बतावल जाला कि पूर्व मुख्यमंत्री से मतभेद के चलते उनका के कैबिनेट से हटा दिहल गइल रहे। पिछिला साल देव तीन गो मंत्री कैबिनेट में शामिल कइले रहस। जेमे राम प्रसाद पॉल, सुशांत चौधरी आ भगवान दास शामिल रहस।

252190cookie-checkत्रिपुरा के नवका कैबिनेट में दुगो नाया चेहरा , 9 गो पुरान मंतरी लिहल लो शपथ, जानीं माणिक साहा के टीम में के-के बा?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.