[the_ad_group id="30365"]

पिछला बेर बिहार में एक सीट गँवा देनी, अबकी बेर शायद एको सीट ना हारेम : पीएम नरेंद्र मोदी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीएम मोदी कहले कि ए चुनाव में चौंकावे वाला आंकड़ा सामने आई। पछिला चुनाव के मुक़ाबले अबकी बेर देश के पूर्वी राज्य में प्रधानमंत्री एकरा से बड़ जीत के दावा कइले।

लोकसभा चुनाव 2024 के चउथा चरण खातिर सोमार के दिने मतदान करावल जाई । एकरा से पहिले रविवार के पीएम मोदी बिहार के राजधानी पटना में रोड शो कइले। रोड शो के दौरान पीएम मोदी कहले कि पूरा देश में एनडीए के 400 से आगे ले जाए के संकल्प बा। बिहार के हालत पूरा देश के जइसन बा। पीएम मोदी दावा कइले कि बिहार के सभ 40 सीट प एनडीए जीत जाई। प्रधानमंत्री कहले कि ए चुनाव में चौंकावे वाला आंकड़ा सामने आई।

पीएम मोदी दावा कइले कि तेलंगाना, बंगाल, ओडिशा, बिहार जईसन राज्य में बड़ जीत होई। महिला मतदाता के मुद्दा प पीएम मोदी कहले कि देश के विकास यात्रा खातीर महिला के विकास बहुत जरूरी बा।

बहुत दिन से बिहार से जुड़ल बानी : पीएम मोदी

बिहार के मुद्दा प पीएम मोदी कहले कि हमनी के देश के लगभग सभ राज्य के दौरा कइले बानी। आ हम कह सकेंनी कि पूरा देश में भारतीय जनता पार्टी आ एनडीए के चार सौ से आगे ले जाए के संकल्प बा। बिहार भी एकरा में बहुत नया रंग जोड़ले बा। बिहार आ पूरा देश के माहौल एकही बा। पीएम कहले कि हम अपना साथी लोग से बिहार के लेके बात कइनी। पिछला चुनाव में हमनी के एक सीट हार गइल रहनी स बाकी अबकी बेर हमनी के सब 40 सीट जीत लेब। नरेंद्र मोदी कहले कि संगठन में काम करत घरी हम कई बेर बिहार आइल बानी। बहुत दिन से बिहार से जुड़ल बानी।

पूर्वी भारत के विकास के इंजन बने के चाही

जदी हमनी के भारत के विकास करे के बा त पूर्वी भारत के मजबूत करे के होई। पीएम मोदी कहले कि राजनीति से दूर होके हम 2013 में इहो कहले रहनी कि भारत के विकास खातीर हमनी के पूर्वी राज्य के विकास प ध्यान देवे के चाही। प्रधानमंत्री कहले कि अबकी बेर पूर्वी भारत के राज्य बंगाल, ओडिशा आ बिहार में चौंकावे वाला नतीजा देखाई दिही। प्रधानमंत्री कहले कि पछिला 10 साल में हमनी के सरकार भारत के पूर्वी राज्य में स्वास्थ्य, शिक्षा, बुनियादी ढांचा समेत हरेक क्षेत्र प ध्यान देले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]