यूपी बोर्ड के हाईस्कूल आ इंटरमिडिएट के परीक्षा के परिणाम जून के दूसरा सप्ताह में घोसित करे के योजना बा। शासन के भेजल गइल प्रस्ताव में जून के दूसरा सप्ताह में बोर्ड परीक्षा के परिणाम घोसित करे के के बात बा।
271 केंद्रन पs 10 वीं आ बारहवीं के सवा दु करोड़ से बेसी उत्तरपुस्तिकन के मूल्यांकन अंतिम दौर में बा। सनिचर ले सभे काँपिया जांचल जाये के बा।