Good News: क्यूएस रैंकिंग में गोरखपुर विश्वविद्यालय के मिलल 258वां स्थान, प्रदेश के तीन गो विवि शामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 9, 2023

  दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के अंतरराष्ट्रीय स्तर पs बहुत बड़ उपलब्धि हासिल भईल बा। गोरखपुर विश्वविद्यालय के क्यूएस एशिया रैंकिंग में 258वां स्थान मिलल बा। एह रैंकिंग में राज्य के दू गो अउरी विश्वविद्यालयन

Share

 

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के अंतरराष्ट्रीय स्तर पs बहुत बड़ उपलब्धि हासिल भईल बा। गोरखपुर विश्वविद्यालय के क्यूएस एशिया रैंकिंग में 258वां स्थान मिलल बा। एह रैंकिंग में राज्य के दू गो अउरी विश्वविद्यालयन के भी जगह मिलल बा।

गोरखपुर विश्वविद्यालय अंतरराष्ट्रीय स्तर पs मिलल बहुत सफलता के चलते एनआईआरएफ रैंकिंग में भी आपन स्थिति मजबूत कईले बा। एह साल एनएएसी के आकलन में ए+ ग्रेड (3.78 सीजीपीए) के बाद इ दूसरका बड़ उपलब्धि बा। उत्तर प्रदेश के कुल तीन गो राज्य विश्वविद्यालय गोरखपुर विश्वविद्यालय (258वां रैंक), मेरठ विश्वविद्यालय (219वां रैंक) आ लखनऊ विश्वविद्यालय (238वां रैंक) के एहमें जगह मिलल बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.