Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Board: मैट्रिक कंपार्टमेंटल परीक्षा के डेट जारी, एह दिन तक कs सकेम ऑनलाइन आवेदन, जानीं तरीका 

1,479

Bihar Board Matriculation Compartmental Exam Date: बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा में असफल होखे वाला छात्रन खातिर बोर्ड छात्रन के आउर समय देले बा। बोर्ड मैट्रिक कम्पार्टमेंटल परीक्षा खातिर ऑनलाइन आवेदन के तारीख 10 अप्रिल 2023 तक बढ़ा देले बा।

असल में, जवन छात्र परीक्षा में सफल ना हो पाइल रहे लो, ओह लोगन के बिहार बोर्ड कंपार्टमेंटल परीक्षा 2023 के माध्यम से खुद के साबित करे के एगो आउर अवसर प्रदान कइले बा। अब कंपार्टमेंटल भा पूरक परीक्षा के तारीख आ गइल बा। लिहाजा, असफल रहे वाला अब बोर्ड के वेबसाइट पs जाके पूरक परीक्षा खातिर ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो।

बोर्ड हेल्पलाइन नम्बर कइलस जारी

बोर्ड सब विद्यालयन के प्रधानाचार्य के सूचित कइले बा कि एह परीक्षा में सामिल होखे खातिर पात्र विद्यार्थियन के ऑनलाइन आवेदन वेबसाइट secondary.biharboardonline.com के माध्यम से भरल जाव। एकरा संगही बोर्ड ऑनलाइन फॉर्म भरे भा परीक्षा शुल्क जमा करे से संबंधित कवनो तरे के असुविधा होखला पs हेल्पलाइन नंबर 0612 2232074 पs संपर्क करे के सलाह दिहल गइल बाm

एतना लईका परीक्षा में भइल रहे लो सामिल

गौर करे वाला बात कि बिहार बोर्ड क्लास 10 परीक्षा 2023 के आयोजन 14 फरवरी से 22 फरवरी 2023 तक कइल गइल रहे। बिहार बोर्ड के 10वीं क्लास के 2023 के परीक्षा में लगभग 17 लाख छात्र-छात्रा सामिल भइल लो। एमे से 8,20,179 छात्र आ 7,90,920 छात्रा रहे लो। बिहार बोर्ड 10वीं के वार्षिक परीक्षा खातिर राज्य के भीतर 1,368 परीक्षा केंद्र बनावल गइल रहे। एह दौरान बिहार माध्यमिक परीक्षा के आयोजन कुल 38 जिलन में कइल गइल रहे। गौर करे वाला बात बा कि बीएसईबी 10वीं के परीक्षा पास करे खातिर 33 प्रतिशत अंक हासिल कइल जरूरी होला।

81.04% छात्र भइल रहे लो पास

बिहार बोर्ड मैट्रिक 2023 परीक्षा में इस्लामिया हाई स्कूल शेखपुरा के छात्र मुहम्मद रुम्मान अशरफ एह साल 489 अंकन माने 97.8% के संगे स्टेट टॉपर बनल रहलें। ओहिजा, सिमुलतला आवासीय विद्यालय जमुई के दस छात्रन सहित कुल 90 छात्र शीर्ष 10 रैंक में स्थान हासिल कइले रहे लो। एह परीक्षा में कुल 81.04% प्रतिशत स्टूडेंट्स पास भइल रहे।

508180cookie-checkBihar Board: मैट्रिक कंपार्टमेंटल परीक्षा के डेट जारी, एह दिन तक कs सकेम ऑनलाइन आवेदन, जानीं तरीका 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.