Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

विश्व कविता दिवस : कुमार आशू के कलम से

मनावल जा रहल बा विश्व कविता दिवस, अपने अपने तरे से लोग दे रहल बा अभिव्यक्ति

2,535

कविता आदमी के आदमियत के पहिचान हवे| एही से एह छौ रस वाला एह सृष्टि में कविता में नौ रस पावल जाला| लेकिन कविता कब आपन रूप पावेले अउर कब ओकर रहल सार्थक होला, ई जानल जाव कुमार आशू  के एगो सवैया के माध्यम से| कुमार आशू भोजपुरी के संगे संगे हिन्दियो के एगो जानल-मानल कवि बाने,

भाव के पाग में बोर के लोर से नेह के पाँति लिखे तब कविता..!
हारत टूटत जियरा के उकड़ाइ के आस भरे तब कविता..!
आपन पीर भुला मनई जब लागे ठठा के हँसे तब कविता..!
बस पढ़वइयन के नाहीं अनपढ़ के जुबान बने तब कविता..!!

–  कुमार आशू

229280cookie-checkविश्व कविता दिवस : कुमार आशू के कलम से

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.