पंजाब के मशहूर कबड्डी खिलाड़ी संदीप नंगल के गोली मार के हत्या, टूर्नामेंट के बीचे भरल मैदान पs मारल गइल गोली

Anurag Ranjan

पंजाब के जालंधर में सोमार के साँझ के कबड्डी खेलाडी के गोली मार के ह्त्या कs देहल गइल। एगो कबड्डी टूर्नामेंट के बीचे अज्ञात बदमास एह वारदात के अंजाम देहले सs। दरअसल, अंतराष्ट्रीय कबड्डी खेलाड़ी संदीप नंगल अंबिया के गोली लगला के बाद मवका पs भगदड़ मच गइल। सूचना मिलला पs भारी संख्या में पुलिस बल घटना के जगे पहुंचल।

 

जानकारी के मोताबिक, सोमार के साँझ स्टेडियम में खेलल जा रहल कबड्डी टूर्नामेंट के एगो मुक़ाबला के बीचे अंधाधुंध गोली चलल सुरू हो गइल। एह फायरिंग में कबड्डी टीम में सामिल संदीप नंगल अंबिया के कइयन गो गोली लागल। ई देख के दर्शकन में भगदड़ मच गइल। केहु कुछो समझ पाइत, ओकरा से पहिले फायरिंग करे आला बदमास मवका से फरार हो गइले सs।

https://www.kooapp.com/koo/parminderdhindsa/986acfd4-931e-46c4-958d-37909b352fb8

ओहिजा आनन-फानन में घटना स्थल पs मवजूद घवाहिल खेलाड़ी के एगो चार पहिया गाड़ी में लाद के अस्पताल ले गइल लो। बाकिर, खून बेसी बह गइला के वजे से उनकर रस्ते में मौत हो गइल। सूचना मिलते पुलिस के टीम मवका पs अस्पताल में पहुंचल। इलाका में हालात ना बिगड़े एकरा ला भारी संख्या में पुलिस फोर्स तैयार कइल गइल।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।