[the_ad_group id="30365"]

पटना में SP आवास में ड्यूटी करे वाला जवाने सुरक्षित नइखे, बेखौफ बदमाश मारपीट कऽ के लूटले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना में बदमाश के आतंक अतना बढ़ गइल बा कि अब एसपी आवास पs ड्यूटी करेवाला जवान तक सुरक्षित नइखन। बिहार पुलिस के बीएमपी में काम करेवाला जवान समीर कुमार के बदमाश पीट-पीट के उनकर मोबाइल छीन लेले। बदमाश लूटपाट कइला के बाद भाग गइले। इ घटना सचिवालय सिंचाई भवन के गेट से कुछ दूर आगे भइल।

एसपी आवास पऽ ड्यूटी करे जात रहले, बदमाश मारपीट आ लूटपाट कइले

बतावल जाता कि पीड़ित जवान 2 अगस्त के सबेरे एसपी के आवास पs ड्यूटी खातिर जात रहले। एही दौरान सिंचाई भवन गेट से बिरसा मुंडा के ओर बढ़ते दुगो बाइक सवार बदमाश उनका लगे पहुंच गइले। दुनु जने जवान के रोक के पीटे लगले। मारपीट के बाद उनकर मोबाइल छीन के भाग गइले। एह मामला में जवान समीर कुमार सचिवालय थाना में मामला दर्ज करवले बाड़े।

पुलिस बन के बदमाश किसान से सोना के चेन आउर अंगूठी ले लेले

एकरा संगे-संगे पटना कंकड़ बाग में अपाची पs सवार दु लोग पुलिस के रूप में देखावत जहानाबाद के पारस बीघा निवासी किसान अशोक कुमार से सोना के अंगूठी आ चेन छीन लेले, जवन कि कुछ में इस्थित सिने अस्पताल में भर्ती रिश्तेदार के देखे जात रहले। ए मामला में अशोक कुमार के बयान पs कंकड़बाग थाना में मामला दर्ज भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]