[the_ad_group id="30365"]

पंजाब के पूर्व डिप्टी सीएम सुखवीर सिंह बादल पs जानलेवा हमला

सुखबीर सिंह बादल पs हमला
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब के उपमुख्यमंत्री रहल आ शिरोमणि अकाली चीफ सुखबीर सिंह बादल पs अमृतसर में गोलीबारी भइल बा. जानकारी के मुताबिक अमृतसर के स्वर्ण मंदिर के प्रवेश द्वार पs शिरोमणि अकाली दल के नेता सुखबीर सिंह बादल पs एगो आदमी गोलीबारी कs देलस। मौका पs मौजूद लोग ओ आदमी के पकड़ लेले। आरोपी के पुलिस के सौंप दिहल गईल बा। फिलहाल सुखबीर सिंह बादल सुरक्षित बाड़े.

इs हमला पंजाब के शिरोमणि अकाली दल (एसएडी) के नेता सुखबीर सिंह बादल पs भईल। बतावल जाता कि स्वर्ण मंदिर के गेट पs एगो आदमी गोली चलवले बा। 

गोली चलावे वाला के पहचान गुरादसपुर के डेराबाबा नानक निवासी नारायण सिंह चौड़ा के रूप में भईल बा। उs दल खालसा के सदस्य हवें सुरक्षाकर्मी आरोपी के पकड़ लिहले। ओकरा लगे से एगो पिस्तौल भी बरामद भईल बा। सुरक्षाकर्मी सुखबीर बादल के घेरले बाड़े।
बतावल जाता कि राम रहीम मामला में 2 दिसंबर के श्री अकाल तख्त साहब में 5 सिंह साहिबन के बैठक भईल रहे, जवना में शिरोमणि अकाली दल सरकार के दौरान उनुका अवुरी कैबिनेट के बाकी सदस्य के धार्मिक दुराचार के आरोप में सजा सुनावल गईल रहे। बादल अकाल तख्त में सजा के सामना करे खातिर सबेरे पहुंचल रहले। ऊ घंटाघर के बहरी बरछा पकड़ले बइठल रहले.ओकरा बाद उनुका पs हमला भईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाथ-गोड़ में दर्द से राहत देई इs योगासन, रोज करीं एकर अभ्यास

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]