[the_ad_group id="30365"]

फर्जी आधार कार्ड देखाके संसद में घुसत 3 लोग गिरफ्तार, एफआईआर दर्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

संसद भवन में घुसे के कोशिश के सुरक्षा बल नाकाम कs दिहले बा. दरअसल केंद्रीय औद्योगिक सुरक्षा बल (सीआईएसएफ) के जवान नकली आधार कार्ड के इस्तेमाल करत उच्च सुरक्षा वाला संसद परिसर में घुसे के कोशिश करत तीन मजदूर के पकड़ले बाड़े। आधिकारिक सूत्र इs जानकारी देले। सूत्र के मुताबिक दिल्ली पुलिस कासिम, मोनिस अवुरी शोएब नाम के तीन लोग के गिरफ्तार कs जालसाजी अवुरी धोखाधड़ी से जुड़ल भारतीय दंड संहिता के अलग-अलग धारा के तहत मुकदमा दर्ज करवले बिया.

सीआईएसएफ तीन लोग के पकड़ लिहलस

सूत्र बतवले कि मंगल के संसद भवन के एगो प्रवेश द्वार पs सुरक्षा अवुरी पहचान पत्र के जांच के दौरान सीआईएसएफ के जवान तीनों लोग के हिरासत में लेले रहले। तीनों लोग आपन आधार कार्ड देखा के संसद भवन परिसर में घुसे के कोशिश करत रहले। सीआईएसएफ के जवान के उनुका कार्ड पs शक हो गईल अवुरी आगे के जांच में इs कार्ड नकली पावल गईल। हालही में सीआईएसएफ के सीआरपीएफ आ दिल्ली पुलिस के टुकड़ी के जगहा संसद भवन के सुरक्षा के जिम्मेवारी दिहल गइल बा. अधिकारी बतवले कि एs तीनों लोग के संसद भवन परिसर के भीतर एमपी लॉन्ज बनावे खातीर ‘डीवी प्रोजेक्ट्स लिमिटिड’ के ओर से राखल गईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]