सोना चाँदी में आइल उछाल, सोना 1370 चाँदी 2298 रुपया भइल महंग

Khabar Bhojpuri Desk

रूस-यूक्रेन जुद्ध के चलते आजु सर्राफा बजार में सोना-चांदी के दाम राकेट के तरे भाग रहल बा। बुध के मुकाबिले आजु 24 कैरेट सोना 1370 रुपये महंग होके 51419 रुपया प्रति 10 ग्राम के भाव से खुलल। उहवें चांदी 2298 रुपया प्रति किलो के छलांग लगाके 66501 रुपया पर चहुँप गइल बा।

बढ़ल दाम के हमनीं के एह तरे समझ सकेनीं जा

धातु और उसकी शुद्धता 24 फरवरी के रेट (रुपये/10 ग्राम) 23 फरवरी के रेट (रुपये/10 ग्राम) रेट में बदलाव (रुपये/10 ग्राम)
Gold 999 (24 कैरेट) 51419 50049 1370
Gold 995 (23 कैरेट) 51213 49849 1364
Gold 916 (22 कैरेट) 47100 45845 1255
Gold 750 (18 कैरेट) 38564 37537 1027
Gold 585 ( 14 कैरेट) 30080 29279 801
Silver 999 66501 64203 2298

 

बता देहल जाए कि IBJA के जारी कइल गइल रेट देशभर में मान्य होला। हालांकि, एह वेबसाइट पs देहल गइल रेट में जीएसटी सामिल नाइ कइल गइल बा।

 

साभार – हिन्दुस्तान

Share This Article