[the_ad_group id="30365"]

RBI Repo Rate : आरबीआई रेपो रेट 50 बेसिस प्वाइंट बढ़ाके 5.4% कइलस, लोन होई महंगा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय रिजर्व बैंक रेपो रेट के 50 बेसिस प्वाइंट तक बढ़ावे के फसिला लेले बा। आरबीआई के एह फसिला के बाद अब रेपो रेट के दर 4.9% से बढ़के 5.40% हो गइल बा। केंन्द्रीय बैंक कावर से कहल गइल बा कि फसिला वर्तमान प्रभाव से लागू होई। आरबीआई गवर्नर शक्तिकांत दास एह फसिला के जानकारी देले बाड़ें। एकरा पहिले तीन अगस्त से एह ममिला में आरबीआई के समिति एह मसला पs मंथन करत रहे।

आरबीआई गवर्नर तीन दिनन (तीन अगस्त से पांच अगस्त) तक चलल एमपीसी के बैठक के बाद एह फसिला के एलान कइले। अंदेशा जतावल जात रहे कि आरबीआई अपना एह बैठक में रेपो रेट के बेर बढ़ा सकत बा। बता दीं कि पिछला बेर भइल एमपीसी के बैठक में रेपो रेट बढ़ावे के फसिला लिहल गइल रहे। मई महीना में भइल एमपीसी के बैठक में रेपो रेट के 50 बेसिस प्वाइंट बढ़ाके 4.90% कs दिहल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]