Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्टेडियम में देखल जा सकी भारत-श्रीलंका सीरीज : लखनऊ

लखनऊ में पहिलका टी-20 में नाइ लउकिहें दरसक; धर्मशाला में दूनो मैच के दौरान 50% देखे आला के मीली ढुकले के अनुमति

218

श्रीलंका के खिलाफ घरेलू टी-20 सीरीज के पहिलका मैच स्टेडियम में बिन दर्शकवे के खेलल जाई। ई मैच 24 फरवरी के लखनऊ के अटल बिहारी वाजपेयी इकाना स्टेडियम में खेलल जाए के बा। हालांकि धर्मशाला में खेले जाए आला सीरीज के दुसरका अउर तिसरका टी-20 मैच में दर्शकन के स्टेडियम में ढुकले के अनुमति मीली, लेकिन करोना वायरस के खतरा के चलते स्टेडियम के छमता के पचासे प्रतिशत दर्शक लोगन के आवे देहल जाई।

चुनाव के कारन नाई देहल जा रहल बा लखनऊ में एंट्री
दरअसल, 23 फरवरी के यूपी में चउथका चरन के चुनाव बा। एही कारन से लखनऊ में होखे आला पहिलका टी-20 मैच में दर्शकन के स्टेडियम में एंट्री नाइ देहले के फैसिला कइल गइल बा। मंगर के उत्तर-प्रदेश क्रिकेट एसोसिएशन (यूपीसीए) के सचिव प्रदीप गुप्ता एगो बयान में कहनें ह कि भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) से मिलल निर्देस के अनुसार, 24 फरवरी के लखनऊ में होखे आला मुकाबिला बिना दर्शक के होई।

धर्मशाला में 26 और 27 फरवरी के बा मैच, टिकट बिकाइल सुरु
धर्मशाला में 26 अउर 27 फरवरी के दुसरका अउर तिसरका टी-20 मैच खेलल जाए के बा। एमें 50 प्रतिशत दर्शकन के एंट्री के अनुमति देहल गइल बा। ए मैचन खातिर सनीचर से टिकट बिकाइल सुरू हो गइल बा। 750 रुपया आला सगरी टिकट एक्के दिन में बिका गइल बा। अब 1000 रुपए से ऊप्पर के कीमत आला टिकटवे बचल बा। ऊ अब  पेटीएम पर बिकाता ।

दू दिन ले क्वारैंटाइन रही टीम
टीम इंडिया सोम्मार के साँझ के लखनऊ चहुँप गइल। टीम के होटल हयात में रोकल गइल बा। उहें, श्रीलंका के टीम मंगर के बिहाने लखनऊ चहुंपी । श्रीलंका के टीम के रुकले खातिर ताज होटल में इंतजाम कइल गइल बा।

साभार – दैनिक भास्कर 

220790cookie-checkस्टेडियम में देखल जा सकी भारत-श्रीलंका सीरीज : लखनऊ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.