IRCTC eWallet: गर्मी के छुट्टी सुरू होखे वाला बा। बड़ संख्या में लोग अपना ननिहाल भा गांव जाके छुट्टी इन्ज्वॉय करे के प्लान बना रहल बा। एह राह में पहिला बड़ रुकावट आवेला ट्रेन के टिकट। एगाे शहर से दूसरका शहर जाये खातिर ट्रेन बड़ा आ प्रमुख जरिया बा, बाकिर ट्रेन के टिकट जल्दी फुल हो जाला आ लोग तत्काल टिकट के इंतजार करेला। ऊ इंतजार धरल रह जाला, जब तत्काल टिकट ना मिलेला आ जनरल टिकट लेके ट्रेन में सफर करे के पड़ेला भा कार बुक कs के जादे पईसा चुका के जाये के पड़त बा। हमनी के रउआ के एगो अइसन तरीका बतावे जा रहल बा, जवना से ट्रेन के तत्काल टिकट बुक होखला के चांस बढ़ जाई। ई कवनो अवैध तरीका ना बलुक ऑनलाइन पेमेंट के एगाे स्टेप हs, जवना के रउआ ट्राई कs के देख सकत बानी।
तत्काल टिकट बुकिंग में आवे वाला परेसानी
जब लोग ट्रेन के तत्काल टिकट बुक करावेला, तs ओह लोगन के सामने कॉमन प्रॉब्लम आवेला। फटाफट से बुकिंग डिटेल्स भरके लोग पेमेंट मोड चुनेला। कइयन लोग कार्ड पेमेंट करेला, जबकि कइयन लोग यूपीआई पेमेंट के विकल्प चुनेला। एमे होला ई कि ऐप रउआ थर्ड पार्टी वेब पेज भा जइसे- पेटीएम आ फोनपे पs रीडायरेक्ट करत बा। ओह दौरान पेमेंट में जवन टाइम लागेला, तबे टिकट फुल हो जाला आ रउआ हाथे लागेला तत्काल वेटिंग टिकट।
IRCTC eWallet बन सकता है सॉल्यूशन
IRCTC eWallet तत्काल टिकट झट से बुक करावे के एगाे सॉल्यूशन बन सकत बा। ई ठीक अइसने एगो वॉलेट बा जइसे कबाे पेटीएम के वॉलेट होत रहे। IRCTC eWallet में लोग पईसा डिपॉजिट रख सकत बा, जवन टिकट बुकिंग के टाइम काम आई। आईआरसीटीसी दावा करत बा कि ओकरा ई-वॉलेट में बिना रुकावट, सिक्योर पेमेंट होला। प्रति टिकट पेमेंट गेटवे के चार्ज बच जाला। वॉलेट के टॉपअप कराके रखल जा सकत बा आ टिकट बुकिंग के टाइम पईसा यूज कइल जा सकत बा।
अइसे एक्टिवेट करीं आईआरसीटीसी ई-वॉलेट
अपना IRCTC अकाउंट पs लॉग-इन करीं। रउआ ऐप भा वेब वर्जन में लॉग-इन कs सकत बानी। ऐप में नीचे के तरफ माई अकाउंट के विकल्प दिखी, ओकरा पs टैप करीं। माई प्रोफाइल के नीचे आईआरसीटीसी ईवॉलेट के विकल्प आई। ओकरा पs टैप करीं। अब रउआ IRCTC eWallet रजिस्टर नाउ आ रिएक्टिवेट के विकल्प मिली। ओकरा पs टैप करीं। अपना आधार भा पैन कार्ड के डिटेल दर्ज कs के रउआ ऑथेन्टिकेट कs सकत बानी। वॉलेट बनला के बाद रउआ ओमे 10 हजार रुपिया तक रकम रख सकत बानी, जवन टिकट बुकिंग के टाइम काम आई।
आईआरसीटीसी ई-वॉलेट के फायदा
आईआरसीटीसी दावा करत बा कि ओकर ई-वॉलेट से पेमेंट कइला पs सुरक्षित लेनदेन होला। धोखाधड़ी ना होला। पेमेंट के टाइम बहुत टाइम बांचेला। एकरा से कन्फर्म टिकट पावे के चांस बढ़ जाला। प्रति टिकट जवन चार्ज पेमेंट गेटवे पs लागत बा ऊ ई-वॉलेट में ना लिहल जाला। अकाउंट के ऑनलाइन मैनेज कइल जा सकत बा। दावा बा कि कइयन बेर बैंक के पेमेंट गेटवे में रुकावट आ जाला, तबे ई-वॉलेट से पेमेंट कs के टिकट बुक करावल जा सकत बा। ऐप पs सारा ट्रांजैक्शन हिस्ट्री में दिखाई देला माने रउआ कब केतना रुपिया के टिकट बुक करववले रहनी।
Read Also: Vivo Upcoming Smartphone: मिड रेंज में तीन किफायती फोन लॉन्च करी वीवो, जानी डिटेल्स