Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur : संतकबीर नगर के सांसद के तबीयत बिगड़ल, एयर एंबुलेंस से भेजल गइल दिल्ली एम्स

सुक के दिन में सांसद लखनऊ से गोरखपुर के संगम चौराहा इस्थित अपना आवास पs पहुंचल रहस। उनका के रात में तीन बजे फातिमा अस्पताल में ले जाइल गइल। उहां उपचार के बाद स्वास्थ में सुधार ना होखला पs सनीचर के सांझ उनका एयर एंबुलेंस से एम्स नई दिल्ली ले जाइल गइल। 

643

संतकबीरनगर के सांसद इंजीनियर प्रवीण कुमार निषाद के सुक के रात अचानक तबीयत बिगड़ गइल। सुक के दिन में सांसद लखनऊ से गोरखपुर के संगम चौराहा इस्थित अपना आवास पहुंचल रहस। उनका के रात में तीन बजे फातिमा अस्पताल में ले जाइल गइल। उहां उपचार के बादो स्वास्थ में सुधार ना होखला पs सनीचर के सांझ उनका के एयर एंबुलेंस से एम्स नई दिल्ली ले जाइल गइल।

सांसद के अस्वस्थ होखे के सूचना पs सनीचर के सांझ उनका आवास पs पार्टी नेता, पदाधिकारियन आ कार्यकर्तन के भीड़ एकत्र हो गइल। लोग मोबाइल फोन पs सांसद के हालचाल लेत रहल। एह दौरान केंद्रीय कार्यालय पs निषाद पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष रविंद्र मणि निषाद, सुनील निषाद, अमरजीत कन्नौजिया समेत पार्टी के नेता देर रात तक जमल रहल लो।

600920cookie-checkGorakhpur : संतकबीर नगर के सांसद के तबीयत बिगड़ल, एयर एंबुलेंस से भेजल गइल दिल्ली एम्स

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.