[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur : संतकबीर नगर के सांसद के तबीयत बिगड़ल, एयर एंबुलेंस से भेजल गइल दिल्ली एम्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संतकबीरनगर के सांसद इंजीनियर प्रवीण कुमार निषाद के सुक के रात अचानक तबीयत बिगड़ गइल। सुक के दिन में सांसद लखनऊ से गोरखपुर के संगम चौराहा इस्थित अपना आवास पहुंचल रहस। उनका के रात में तीन बजे फातिमा अस्पताल में ले जाइल गइल। उहां उपचार के बादो स्वास्थ में सुधार ना होखला पs सनीचर के सांझ उनका के एयर एंबुलेंस से एम्स नई दिल्ली ले जाइल गइल।

सांसद के अस्वस्थ होखे के सूचना पs सनीचर के सांझ उनका आवास पs पार्टी नेता, पदाधिकारियन आ कार्यकर्तन के भीड़ एकत्र हो गइल। लोग मोबाइल फोन पs सांसद के हालचाल लेत रहल। एह दौरान केंद्रीय कार्यालय पs निषाद पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष रविंद्र मणि निषाद, सुनील निषाद, अमरजीत कन्नौजिया समेत पार्टी के नेता देर रात तक जमल रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]