Lava Yuva Star 2: भारतीय ब्रैंड लावा बहुते सस्ता स्मार्टफोन लॉन्च कइले बा। सस्ता होखला के बादो ई फीचर्स पs फोकस करेला। कंपनी 4 जीबी रैम ऑफर कइले बिया। बड़ डिस्प्ले देले बिया। 5 हजार एमएएच के बैटरी नया लावा फोन में मिलेला। दुगो कैमरा दिहल गइल बा। टाइप सी चार्जिंग मिल जाला। ई फोन ओह लोगन खातिर एगो ऑप्शन बन सकत बा, जे अभी ले स्मार्टफोन नइखे चलवले आ फीचर फोन इस्तेमाल कs रहल बा। अइसन लोग जे अभी 2जी भा 3जी नेटवर्क पs फीचर फोन चला रहल बा, नया लावा फोन के संगे 4जी नेटवर्क से जुड़े के मन बना सकत बा।
Lava Yuva Star 2 के कीमत
Lava Yuva Star 2 के रेडिएंट ब्लैक आ स्पार्कलिंग आइवर कलर्स में ले आवल गइल बा। एकर कीमत 6499 रुपिया बा। ई फोन एक साल के वॉरंटी के संगे आवेला आ घर में सर्विस करावल जा सकत बा। नया लावा फोन के तमाम रिटेल आउटलेट्स से किनल जा सकत बा।
Lava Yuva Star 2 के फीचर्स, स्पेसिफिकेशंस
Lava Yuva Star 2 में 6.75 इंच के एचडी प्लस एलसीडी डिस्प्ले दिहल गइल बा। ओकर रेजॉलूशन 720 x 1600 पिक्सल्स बा। डिस्प्ले में 60 हर्त्ज के रिफ्रेश रेट मिलेला। डिस्प्ले प्रोटेक्शन खातिर कंपनी 2.5D ग्लास यूज कइले बा। Lava Yuva Star 2 में यूनिसॉक के चिपसेट दिहल गइल गा। ई बहुत फास्ट तs नइखे बाकिर बेसिक टास्क आराम से पूरा कइल जा सकत बा। कंपनी 4जीबी रैम फोन में दिहल गइल बा आ 64 जीबी इंटरनल स्टोरेज बा। अच्छा बात ई बा कि फोन 512 जीबी तक एसडी कार्ड के सपोर्ट करेला। ई एंड्रॉयड 14 गो एडिशन पs चलेला।
का होला एंड्रॉयड 14 गो एडिशन
एंड्रॉयड के गो एडिशन ओकरा मूल ऑपरेटिंग सिस्टम के लाइट वर्जन होला। गो एडिशन के मुख्य रूप से सस्ता स्मार्टफोन्स खातिर बनावल गइल बा, ताकि ओमे एंड्रॉयड हैंग ना होई। ऐप्स स्मूद रन कs पावे आ यूजर के साफ-सुथरा एक्सपीरियंस मिले। जादेतर कंपनी एंड्रॉयड गो एडिशन में आपन कस्टम लेयर इस्तेमाल ना करेली सs। एकरा से यूजर के प्योर एंड्रॉयड के अनुभव मिलेला।
Lava-9 Yuva Star 2 कैमरा, बैटरी
डुअल सिम स्लॉट के संगे आवे वाला Lava Yuva Star 2 में 13 मेगापिक्सल के मेन रियर कैमरा दिहल गइल बा। एगो सेकंडरी एआई कैमरा बा, बाकिर ओकरा लेंस के जिक्र कंपनी नइखे कइले। एलईडी फ्लैश बैक साइड में बा। फ्रंट में 5 मेगापिक्सल के सेल्फी कैमरा बा। साइड माउंटेड फिंगरप्रिंट सेंसर के सुविधा बा। 3.5mm के ऑडियाे जैक मिल जाला। एफएम रेडियो, जीपीएस, यूएसबी टाइप-सी पोर्ट दिहल गइल बा। नया लावा फोन में 5 हजार एमएएच के बैटरी बा, जवन 10 वॉट के चार्जिंग के सपोर्ट करेला।
Read Also: बदल लेनी नौकरी, बाकिर अभी तक ना कइनी PF Transfer? तs होई तगड़ा नुकसान