Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर के बाढ़ प्रभावित इलाकों से ग्राउंड रिपोर्ट: 200 से बेसी गांव डूबल, 10 हजार हेक्टेयर फसल बर्बाद; मुश्किल में 60 हजार लोग

1,265

गोरखपुर में मानसून जाये के बेरा बाढ़ से हाहाकार मचल बा। सरयू आ राप्ती नदी के जलस्तर लगातार बढ़ रहल बा। एसे शहर से लेके देहात तक के इलाकन में दिक्कतन के सामना करे के पड़ रहल बा। कछार क्षेत्र के इलाकन के स्थिति सबसे खराब बा। किसानन के सोझा पहिले सूखा आ फेर बाढ़ के संकट खड़ा हो गइल बा। ओह लो के फसल पानी में डूब गइल बा।

गोरखपुर जिला में अब तक करीब 200 गांव बाढ़ के चपेट में आ चुकल बा। एमे 80 से बेसी गांव मैरूंड माने कि पूरा तरे बाढ़ के पानी में डूब चुकल बा। शहरन के सीमावर्ती इलाकन में बाढ़ के पानी पहुंच गइल बा। शहर के बहरामपुर, रामपुर, नयागांव, महेवा समेत 20 से बेसी इलाकन में बाढ़ में डूब चुकल बा।एसे किसानन के भारी नुकसान भइल बा।

आईं, अब जानल जाव गोरखपुर में बाढ़ के हालात…

धान, अरहर, तिल, बाजड़ा के फसलल पानी में डूब गइल

जिला आपदा प्रबंधन विभाग के रिपोर्ट के मोताबिक, सुक के सबेरे ले 10 हजार हेक्टेयर से बेसी फसल बाढ़ से नष्ट हो गइल। एमे धान, अरहर, तिल, बाजड़ा, चरी सहित आउर फसल शामिल बा। अइसन में आवे वाला दिन में किसानन के सोझा रोटी के संकट खड़ा हो जाई। ओहिजा, एह बाढ़ से अब तक 60 हजार से अधिका लोग मुश्किल में बा। करीब डेढ़ लाख लोगन के जन जीवन बाढ़ के वजह से अस्त-व्यस्त हो गइल बा।

कैंपियरगंज में 70 त सदर में 22 गांव डूबल

सदर तहसील क्षेत्र के 22 गांव बाढ़ग्रस्त बा। 18 हजार से बेसी आबादी प्रभावित बा। बाढ़ के सबसे बेसी कहर कैंपियरगंज तहसील क्षेत्र में बा। एह क्षेत्र के 70 गांवन में बाढ़ के पानी घुसल बा। एसे जनजीवन अस्त-व्यस्त हो गइल बा। गोला के 60, खजनी के 25, सहजनवां के 7, बांसगांव के 5 आ चौरीचौरा के 3 गांवन तक बाढ़ के पानी पहुंच चुकल बा।

NDRF, SDRF के संगही PAC तैनात

पानी से घिरल ज्यादातर गांवन के संपर्क मुख्य मार्गण से कट गइल बा। लिहाजा, 202 नाव लगाके राहत-बचाव काम में लागल बा। NDRF, SDRF के संगही PAC के निगरानी में लगावल गइल। गोरखपुर से होके बहे वाला राप्ती, सरयू, रोहिन, कुआनो आ गोर्रा नदी खतरा के निशान से ऊपर बह रहल बा।

राप्ती नदी के पानी से डूबल ई गांव

राप्ती के जलस्तर बढ़ला से भटपुरवा, केवटान, कोइलीखास, पिडहनी, मरकडी, खोहियापट्टी, हिंगुहार, लखनौरी, लखनौरा, मोहन पौहरिया, मछरगांवा, सूबेदारनगर माझा, बिहुआ उर्फ अगलगौवा, मंझरियां, बड़गों आदि गांव डूब चुकल बा।

सरयू नदी मचवलस तबाही

सरयू के बाढ़ से जैतपुर, खैराटी, कोटिया निरंजन, कोलखास, ज्ञानकोल, अजयपुरा, गोरखपुरा, सीधेगौर, बरडीहा आ गायघाट सहित आउर  गांवन के बाढ़ के पानी से पूरा तरे घिरल बा। सरयू नदी के बढ़त जलस्तर से रामनगर डुमरी के गोपलामार तटबंध प पानी के दबाव बढ़ रहल बा। अभयपुरा, दिस्तवलिया, गोनहा, बल्थर, गोनघट, कोटियानिरंजन, कोलखास, ज्ञानकोल, बगहादेवार, खैराटी, मुसाडोही गांव शामिल बा।

दिन रात हो रहल बांधन के निगरानी

गोरखपुर के DM कृष्णा करुणेश बतवले कि बाढ़ से बचाव के लेके सब विभागन के अलर्ट मोड प रखल गइल बा। सब बांधन आ रेगुलेटरन के दिन-रात निगरानी जारी बा। संवेदशनशील इलाकन प विशेष नजर रखल जा रहल बा। जवना गांवन में बाढ़ के पानी घुस चुकल बा, उहां राहत कार्य जारी बा। लोगन के उनकर मवेशियन के संगे सुरक्षित स्थानन प पहुंचावल जा रहल बा। संगही राहत सामग्रियो बांटल जा रहल बा।

सीएम योगी बाढ़ प्रभावित इलाकन के लिहे जायजा

यूपी के सीएम योगी आदित्यनाथ लगातार बाढ़ प्रभावित इलाकन के दौरा कर रहल बाड़े। बियफे साँझ के CM गोरखपुर पहुंचले। CM योगी आज माने सुक के बाढ़ प्रभावित इलाकन के जायजा लिहें।

355400cookie-checkगोरखपुर के बाढ़ प्रभावित इलाकों से ग्राउंड रिपोर्ट: 200 से बेसी गांव डूबल, 10 हजार हेक्टेयर फसल बर्बाद; मुश्किल में 60 हजार लोग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.