साँझ करीब साढ़े पाँच बजे गिडा के एगो कारखाना में बॉयलर फटला से आठ मजदूर घवाहिल हो गइले. एहमें से तीन गो के हालत गंभीर बतावल जात बा. सभे घाही के इलाज खातीर एम्बुलेंस से मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गईल बा। मौका पs अधिकारी के टीम भी मौजूद बा।
बतावल जाता कि इs घटना सांझ के आसपास भईल, जब मजदूर फैक्ट्री के भीतर काम करत रहले। एही बीच अचानक बॉयलर फटला के चलते भारी विस्फोट हो गईल, जवना के चलते फैक्ट्री के दीवार में दरार पड़ गईल अवुरी आवाज़ दूर-दूर ले सुनाई देलस। एकरा संपर्क में अईला के बाद 6 लोग घायल हो गईले।
मजदूर तुरंत राहत के काम कईले अवुरी पुलिस के घटना के जानकारी देले। विशेषज्ञ लोग के मुताबिक, बॉयलर के कई कारण से विस्फोट हो सकता, जईसे कि बॉयलर के बोल्ट ढीला, बॉयलर में पानी के स्तर कम, सुरक्षा वाल्व फंसल, चाहे बॉयलर के जादा गरम होखल।
दुर्घटना के बाद भी एs कारण के जांच होई कि बॉयलर विस्फोट के पीछे के कारण हो सकत रहे? एकरे साथ ही फैक्ट्री में बॉयलर चलावे खातिर कुछ सुरक्षा नियम भी बाड़ें, जइसे कि बॉयलर के नियमित रखरखाव, सुरक्षा वाल्व के जांच, आ बॉयलर के आसपास सुरक्षा बाड़े। बतावल जा रहल बा कि प्रशासनिक टीम भी एकर जाँच कs सकेले।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: करीं इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल हाइट