Accident In Rajasthan: कार-ट्रॉला के टक्कर में पति-पत्नी आ बेटा सहित छव के मौत, एक घायल, गेट तुड़के निकालल गइल शव

Anurag Ranjan

राजस्थान के सिरोही जिला में एगो दर्दनाक हादसा हो गइल। नेशनल हाईवे-27 पs एगो कार आ ट्रॉला के टक्कर हो गइल। हादसा में छव लोगन के मौत हो गइल, एमे दंपति आ उनकर बेटा सामिल बा लो। कार सवार सब सात लोग गुजरात के अहमदाबाद से जालोर लवट रहे लो। एगो महिला के गंभीर हालत में अस्पताल में इलाल चलत रहे।

जानकारी के अनुसार, कार सवार सब सात लोग राजस्थान के जालोर जिला के रहे वाला बा लो। सभे गुजरात के अहमदाबाद से जालोर लवटत रहे लो, एह दौरान बियफे के तड़के करीब तीन बजे आबूरोड क्षेत्र के किवरली में कार आ ट्रॉला के टक्कर हो गइल। हादसे में चार लोगन के मवके पs मौत हो गइल, जबकि गंभीर रूप से घायल तीन लोगन के आबूरोड अस्पताल में भरती करावल गइल। जहां, दुगो गंभीर घायल दम तुड़ दिहल लो। एगो महिला के प्राथमिक उपचार के बाद गंभीर हालत में सिरोही रेफर कs दिहल गइल।

क्रेन के मदद से कार के तुड़ल गइल

दर्दनाक हादसा के सूचना पs माउंट आबू डीएसपी गोमाराम चौधरी, सदर थानाधिकारी दर्शन सिंह पुलिस टीम के साथ मवका पs पहुंचल लो। रात्रि गश्त के दौरान नेशनल हाईवे पs मवजूद हेड कांस्टेबल विनोद लांबा हादसा के आवाज सुनके तुरंत मवका पs पहुंच गइल लो आ तत्काल एंबुलेंस आ अधिकारियन के सूचना दिहल। हादसा में कार बुरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल रहे आ लोग ओमे फंसल रहे। एकरा बाद पुलिस टीम क्रेन के मदद से ट्रॉला में फंसल कार के बाहर निकालल गइल आ फेर शवन आ घायलन के बाहर निकाले खातिर क्रेन से कार के दरवाजा तुड़ल गइल आ ओकरा आउर हिस्सन के अलग कइल गइल। करीब 40 मिनट के मशक्कत के बाद चार शव कार से बाहर निकालल गइल, जवना के आबूरोड़ राजकीय अस्पताल के मोर्चरी में रखल गइल बा। ओहिजा, तीन घायलन के इलाज खातिर अस्पताल भेजल गइल, जेमे से दुगो आउर लोगन के मौत हो गइल।

पति-पत्नी आ बेटा के मौत

दर्दनाक हादसा में नारायण प्रजापत (58) उनकर पत्नी पोशी देवी (55) आ बेटा दुष्यंत (24) निवासी कुम्हारन के बास के मौत हो गइल। संगही कार चालक कालूराम (40), यशराम (4) आ जयदीप पुत्र पुखराज प्रजापत के जान चल गइल, जबकि दरिया देवी (35) पत्नी पुखराज के सिरोही में उपचार चलत रहल रहे। कार में जालोर निवासी कुल सात लोग सवार रहे। जेमे से 6 के मौत हो गइल रहे।

Read Also: Share Market: शेयर बाजार के सपाट सुरुआत; हरियर निशान पs खुलके लुढ़कल सेंसेक्स-निफ्टी, रुपियाे चढ़ल

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment