[the_ad_group id="30365"]

आज गोरखपुर अइहें हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल: लेहड़ा देवी के दर्शन कs के रथ यात्रा में सामिल होइहें शिव प्रताप शुक्ल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। अपना दु दिनन के दौरा पs आज हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल शिव प्रताप शुक्ल गोरखपुर अइहें। एह दौरान ऊ गोरखपुर आ महाराजगंज के कइयन गो कार्यक्रम में सामिल होइहें।

शिव प्रताप शुक्ल आज अतवार के फ्लाइट से सबेरे 9:40 बजे गोरखपुर एयरपोर्ट पहुंचलें। एयरपोर्ट पs उनकर सब कार्यकर्ता आ समर्थक उनकर भव्य स्वागत कइल लो। एकरा बाद राज्यपाल एयरपोर्ट से महराजगंज के बृजमनगंज इस्थित लेहड़ा माता मंदिर दर्शन खातिर जइहें।

दर्शन -पूजन के बाद बेतियाहाता इस्थित अपना आवास पs आ जइहें। अपराह्न तीन  बजे असुरन चौक इस्थित विष्णु मंदिर के पारंपरिक रथ यात्रा में सामिल होइहें। इसके बाद सांझ के साथ बजे मालती लॉन में एगो कार्यक्रम में हिस्सा लेवे पहुंचिहें।

9 जुलाई के वापस हिमाचल प्रदेश जइहें राज्यपाल

सोमार माने आठ जुलाई के राज्यपाल सुबह 10:30 बजे सहजनवां में आयोजित शपथ ग्रहण समारोह में बतौर मुख्य अतिथि हिस्सा लिहें। ओकरा बाद तारामंडल इस्थित राजेश शुक्ल के आवास पs एगो कार्यक्रम में सामिल होइहें।

तारामंडल के कार्यक्रम पूरा होखला के बाद सांझ के 6:00 बजे शाहपुर के आवास विकास कॉलोनी में रवीश तिवारी  के इहां कार्यक्रम में सामिल होइहें। आपन दु दिन के दौरा पूरा कs के राज्यपाल मंगर 9 जुलाई के सबेरे 9 बजे हिमाचल प्रदेश खातिर वापस रवाना हो जइहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]