[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: 1.8 किमी लमहर फोरलेन खातिर काटल जाई 545 गाछ आ टूटी पांच मकान, खर्च होई 277 करोड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: पैडलेगंज से फिराक चौक तक बने वाला फोरलेन के राह में पड़े वाला पांच मकान आ कैंट थाना के भवन तुड़ल जाई। एकरा अलावे बहुत घरन आ प्रतिष्ठानन के बाउंड्रीवालो के तुड़ल जाई। ओकरा खातिर लोक निर्माण विभाग चिन्हांकन के कार्रवाई कs के लाल निशान लगा देले बा। टेंडर के प्रक्रिया पूरा कइला के बाद मुआवजा देके निर्माण के प्रक्रिया सुरू कइल जाई।

शहर के बीच में लगातार जाम के समस्या से जूझ रहल शहरवासियन के राहत देवे खातिर पैडलेगंज से लेके फिराक चौराहा तक फोरलेन के निर्माण करावल जा रहल बा। 277 करोड़ के लागत से बने वाला एह मार्ग पs शहर के बहुते पुरान थाना कैंट बा। ओकर भवन एह फोरलेन के जद में आ रहल बा। एकरा अलावे डीआईजी कार्यालय के बाउंड्रियो पड़ रहल बा। कहल जा रहल बा कि दिवानी न्यायालय के बाउंड्रीयो के कुछ हिस्सो एमे आ सकत बा। लोक निर्माण विभाग सर्वे के बाद ओकर चिन्हांकन कs के जहां तक तुड़ल जाये के बा उहां तक लाल निशान लगा दिहल गइल बा।

लोक निर्माण विभाग के जिम्मेदारन के मोताबिक एगो फोरलेन के निर्माण से पहिलही ओह विभाग के ओह रास्ता में पड़े वाला 545 गाछन के काटे के होई। एकरा खातिर लोक निर्माण विभाग के तरफ से वन विभाग के 45 लाख दे दिहल गइल बा। बिजली विभाग के तार खंभा, ट्रांसफार्मर आ जल निगम के पाइप लाइन के बदलल जाये के बा। एह विभागन से एस्टीमेट मांगल गइल बा।

एकर मुआवजा देके एकरा के हटावल जाई। ओइसे विभाग के लोगन के कहनाम बा कि एकर टेंडर कs दिहल गइल बा। टेक्निकल बीट खोलल गइल बा। टेंडर डाले वालन के कागजात के जांच कइल जा रहल बा। एह महीना तक टेंडर के सब औपचारिकता पूरा हो जाई। 15 मार्च के बाद काम सुरू कइल जाई। जवन खाली जमीन होई उहां काम सुरू हो जाई। जइसे-जइसे जमीन मिलत जाई काम होत रही।

लोक निर्माण विभाग के मुख्य अभियंता आर बी सिंह कहलें कि जवना जमीन के अधिग्रहण कइल जाये के बा ओकर मुआवजा बनावे के प्रक्रिया चल रहल बा। मुआवजा बनाके शासन के भेजल जाई। उहां से स्वीकृति मिलला के बाद मुआवजा वितरित कइल जाई। ई प्रक्रिया चल रहल बा। पूरा होखला के बाद निर्माण कार्य सुरू कइल जाई।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]