स्पोर्ट्स डेस्क: कांग्रेस के एगो नेता के ओर से भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रोहित शर्मा के वजन के लेके कइल गइल गइल टिप्पणी पs हंगामा हो गइल बा। लोग कांग्रेस नेता के आड़े हाथ ले लेले बा। विवाद बढ़ता देख कांग्रेस नेता अपना सोशल मीडिया पोस्ट के डिलीट कs देली। हालांकि, विवाद अब राजनीतिक रंग ले लेले बा आ भाजपा पूरा कांग्रेस के निशाना पs ले लेलस। एह दौरान भाजपा राहुल गांधी पs तीखा तंज कसलस।
का बा पूरा ममिला
कांग्रेस प्रवक्ता डॉ. शमा मोहम्मद अतवार के भारत आ न्यूजीलैंड के मैच के दौरान सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट साझा कइलें। एह पोस्ट में कांग्रेस नेता लिखलें कि ‘रोहित शर्मा एगो मोटे खिलाड़ी बाडें! उनका आपन वजन कम कइला के जरूरत बा। बेशक ऊ भारत के अब तक के सबसे बेअसर कप्तान हवे।’ डॉ. शमा मोहम्मद के एह पोस्ट पs यूजर्स भड़क गइलें। एगो पाकिस्तानी खेल पत्रकार कांग्रेस नेता के एह पोस्ट पs नाराजगी जाहिर कइलें आ रोहित शर्मा के विश्वस्तरीय खिलाड़ी बतवलें। हालांकि, कांग्रेस नेता तबो ना मनले आ ऊ फेर से रोहित के आलोचना कइलें आ रोहित शर्मा के एगो औसत दर्जा के कप्तान बतवलें आ कहलें कि ऊ खाली भाग्यशाली बाड़ें कि ऊ भारतीय टीम के कप्तान हवे।
विवाद लेलस राजनीतिक रूप
कांग्रेस प्रवक्ता के टिप्पणी पs भाजपा प्रतिक्रिया देले बिया। भाजपा प्रवक्ता प्रदीप भंडारी तंज कसत लिखलें कि कांग्रेस अब चाहत बिया कि राहुल गांधी क्रिकेट खेलस। प्रदीप भंडारी सोशल मीडिया पs लिखलें कि ‘कांग्रेस के शर्म आवे के चाहीं। अब ऊ भारतीय क्रिकेट टीम पs निशाना साध रहल बिया। का ऊ लोग चाहत बा कि राजनीति में असफल रहला के बाद अब राहुल गांधी क्रिकेट खेलस!’
कांग्रेस नेता विवाद बढ़ला पs देली सफाई
कांग्रेस नेता डॉ. शमा मोहम्मद विवाद बढ़ला पs आपन पोस्ट के लेके सफाई देलस। ऊ कहलें कि ‘उनकर ट्वीट एगो खिलाड़ी के फिटनेस के लेके सामान्य ट्वीट कइलीं। एमे केहू के मोटापा के मजाक नइखे बनावल गइल। हमार हमेसा से माननल रहल बा कि खिलाड़ी के फिट होखे के चाहीं आ हमरा लागत है कि ऊ (रोहित शर्मा) तनिका मोट बाड़ें। तs हम एह बारे में ट्वीट कs देलें। हमरा पs बिना कवनो वजह के हमला कइल जा रहल बा। हमरा उनका पूर्व के कप्तानन से तुलना के हमरा अधिकार बा। ई कहला में गलत का बा? ई लोकतंत्र हs।’
Read Also: राहुल मल्ल के विवेकानंद यूथ अर्वाड से सम्मानित भइला पs भइल सम्मान समारोह के आयोजन