Tejashwi Yadav: ‘हार के डर से हमरा के जेल भेजे के…’, PM Modi के बयान पऽ तेजस्वी के पलटवार

By Anurag Ranjan

Published on: May 26, 2024

लोकसभा चुनाव अपना अंतिम चरण में बा। एही बीच तमाम पार्टी आ नेता लो आपन पूरा ताकत झोंक देले बा। एनडीए के ओर से जहां पीएम मोदी गृहमंत्री अमित शाह से लेके राज्य के मुख्यमंत्री

Share

लोकसभा चुनाव अपना अंतिम चरण में बा। एही बीच तमाम पार्टी आ नेता लो आपन पूरा ताकत झोंक देले बा। एनडीए के ओर से जहां पीएम मोदी गृहमंत्री अमित शाह से लेके राज्य के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार ले ताबड़तोड़ रैली करे में व्यस्त बा। ओहिजा दूसरका ओर आईएनडीआईए के ओर से तेजस्वी यादव अकेलही कमान समहरले बाड़े।

प्रधानमंत्री मोदी शनिचर के बक्सर में तेजस्वी यादव पs निशाना साधत घरी कहले कि चुनाव के बाद बिहार के शहजादा अपना जमानत के काम देखिहें। पीएम मोदी के एह बयान पs अब तेजस्वी यादव के रिएक्शन आइल बा। पत्रकारन से बात करत घरी तेजस्वी यादव कहले कि प्रधानमंत्री हार के डर से चुनावी सभा में हमरा के जेल भेजे के तारीख बता रहल बाड़न।

तेजस्वी यादव कहले कि प्रधानमंत्री मोदी एह बात के सार्वजनिक रूप से स्वीकर कऽ लेले कि उऽ जांच एजेंसियों के आपन खेलौना समझेले। उऽ जब चाहस आ जइसे चाहस अपना इच्छानुसार विपक्ष के कवनो नेता के मनगढ़ंत आ काल्पनिक केस में जेल भेज सकत बाड़न।

तेजस्वी यादव पीएम मोदी से पूछले कि प्रधानमंत्री का एही खातिर संविधान आ लोकतंत्र के खत्म करल चाहऽ ताड़े कि जेहू हमरा कोरा झूठ के विरोध करी, जेहू हमार बात ना मानी आ हमरा विफलता के पर्दाफाश करी, ओकरा के सीधा जेल में डाल देब? का संविधान समाप्त करे खातिर प्रधानमंत्री के ई सीधी स्वीकारोक्ति नइखे ?

बता दी कि पाटलिपुत्र लोकसभा क्षेत्र में जनसभा के संबोधित करत घरी पीएम मोदी कहलें कि ई लोग (आईएनडीआईए नेता) कहेला कि जदि भ्रष्टाचारियन पs हाथ डालल गइल तऽ मोदी के कुर्सी हिला डालेम सन। प्रधानमंत्री कहलें  कि केहू जदि गरीबन के लूटके बा, केहू चोरी कइले बा, कतनो बड़का शहजादा काहे ना होखे, ओकरा जेल जाहीं के पड़ी।

प्रधानमंत्री मोदी ने कहलें रहलें कि जेहू नौकरी देवे के नांव पs बिहार के गरीबन के जमीन खइलस, ओकरा जेल जाए के काउंटडाउन शुरू हो गइल बा। हेलीकॉप्टर से चक्कर लगावे के समय जइसहीं खत्म होई, जेल के रास्ता तय हो जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.