गोरखपुर। कैंट थाना के जल्दिये नया पता होई। लमहर समय से चल रहल कवायद के बाद अब जिलाधिकारी कुलसचिव आवास (विश्वविद्यालय छात्रावास) के लगे नजूल के 1.50 एकड़ भूमि के थाना भवन खातिर आवंटित कs दिहल गइल बा। वर्तमान में कैंट थाना दीवानी कचहरी के लगे इस्थित एगो खपरैल भवन में संचालित हो रहल बा, जहां सीमित जगह आ संसाधन के कमी के कारण पुलिसकर्मियन आ आगंतुकन के काफी दिक्कतन के सामना करे के पड़ल।
वर्तमान कैंट थाना के भवन बरिसन पुरान आ जर्जर हो चुकल बा। खास कs के हाले में भइल सड़क चौड़ीकरण कार्य के दौरान थाना परिसर के आउर नुकसान पहुंचल। एह परियोजना में थाना के मुख्य गेट, कंप्यूटर कक्ष आ थानेदार के जनसुनवाई कक्ष के तुड़े के पड़ल, जवना से थाना क्षेत्र बहुते छोट हो गइल।
सीमित जगह होखला के कारण वाहनन के पार्किंग के उचित बेवस्था नइखे। वर्तमान में पुलिस वाहनन के सिविल लाइंस इस्थित नजूल के जमीन पs खड़ा कइल जाला। एकरा अलावे थाना में आवे वाला लोगन खातिर बइठे भा शिकायत दर्ज करावे के पर्याप्त सुविधा नइखे। कर्मचारियन के काम करे खातिर उपयुक्त स्थान आ बैरक नइखे मिलल, जवना से ओह लोगन के कार्यक्षमता पs असर पड़ेला।
नया भवन में होई ई सुविधा
अब नया सिरा से 1:50 एकड़ भूमि पs थाना भवन के निर्माण कइल जाई, जेमे आधुनिक सुविधन से लैस एगो प्रशासनिक भवन होई। एकरा अलावे, पुलिस कर्मियन खातिर बैरक, थानेदार के आवास, जनसुनवाई कक्ष आ मनोरंजन कक्ष जइसन आवश्यक सुविधा उपलब्ध करावल जाई। नया भवन में गोरखनाथ, एम्स आ निर्माणाधीन रामगढ़ताल थाना के तर्ज पs आधुनिक इंफ्रास्ट्रक्चर तइयार कइल जाई, जवना से पुलिस बेवस्था के आउर प्रभावी बनावल जा सकी।
कैंट थाना में सीमित जगह होखला के वजह से पुलिसकर्मियन के संगे आगंतुकन के भारी परेसानी के सामाना करे के पड़त रहे। नया थाना भवन खातिर भूमि के आवंटन हो गइल बा। भवन के निर्माण करावे खातिर प्रस्ताव तइयार कs के मुख्यालय भेजल जाई। – अभिनव त्यागी, एसपी सिटी
जिला के सबसे महत्वपूर्ण थाना
कैंट थाना क्षेत्र गोरखपुर के सबसे महत्वपूर्ण थाना क्षेत्र मानल जाला, काहेकि एमे शहर के कइयन गो प्रमुख संस्थान आ बेवसायिक केंद्र आवेला। एह क्षेत्र में एडीजी जोन, डीआइजी रेंज कार्यालय के अलावे कहचरी, पुलिस कार्यालय, सब अधिकारियन के आवास, रेलवे मुख्यालय, रेलवे स्टेशन, बस अड्डा, विश्वविद्यालय, दीवानी कचहरी आ शहर के प्रमुख बाजार इस्थित बा। अइसन में थाना भवन के नया आ बेवस्थित होखल जरूरी बा, ताकि पुलिस बल के बेहतर सुविधा मिल सकीं आ कानून-बेव्स्था के प्रभावी रूप से लागू कइल जा सकी।
Read Also: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘ ब्लैक एंड व्हाइट परदा के बेहद बेबाक एक्ट्रेस ‘नूतन समर्थ बहल’