झारखंड से सादी कs के लौटत रहे परिवार, कार के टक्कर से दूल्हा-दुल्हन समेत 7 लोगन के भइल मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2024

  जिला के धामपुर इलाका में शनिचर के सबेरे एगो दुखद हादसा हो गइल. इहाँ घना कोहरा के चलते सड़क दुर्घटना में सात लोग के मउत हो गईल, जबकि दु लोग के घाही बतावल जाता।

Share

 

जिला के धामपुर इलाका में शनिचर के सबेरे एगो दुखद हादसा हो गइल. इहाँ घना कोहरा के चलते सड़क दुर्घटना में सात लोग के मउत हो गईल, जबकि दु लोग के घाही बतावल जाता। बतावल जाता कि इs हादसा धामपुर के देहरादून-नैनीताल राष्ट्रीय राजमार्ग पs भईल बा। इहाँ एगो तेज रफ्तार गाड़ी पीछे से ऑटो के जोरदार टक्कर मार देलस। एs दुर्घटना में ऑटो चालक समेत 7 लोग के मउत हो गईल बा। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। फिलहाल पुलिस मामला के जांच करतिया।

परिवार के लोग बियाह के बाद घरे लवटत रहले

मिलल जानकारी के मुताबिक ऑटो में सफर करेवाला सभ लोग झारखंड में बियाह कs के अपना गांव तिबड़ी लवटत रहले। मरेवाला लोग में खुर्शीद (65), उसका बेटा विशाल (25), पुत्रवधू खुशी (22), मुमताज (45), रूबी (32) अवुरी बुशरा (10 साल) शामिल बाड़े। एकरा अलावे एगो ऑटो चालक के भी मउत हो गईल बा। विशाल के बियाह के बाद एकही परिवार के 6 लोग झारखंड से अपना गांव धामपुर तिबड़ी आवत रहले, तबे इs दुखद दुर्घटना भईल। इs सब लोग मुरादाबाद में ट्रेन से उतर के ऑटो बुक कs के अपना गांव जात रहले।

धामपुर नगीना मार्ग पs फायर स्टेशन के लगे पीछे से क्रेटा कार आटो के टक्कर मार दिहलस. एs टक्कर के चलते ऑटो में सवार एकही परिवार के सभ 6 लोग के मउत हो गईल। अस्पताल ले जाए के समय ऑटो चालक के भी मउत हो गईल। दुर्घटना में घायल होके क्रेटा में सवार शेरकोट निवासी सोहेल अल्वी अवुरी अमन के भी अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। एसपी अभिषेक झा भी मौका पs पहुंच के घटना के जानकारी देले।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.