ICC Rankings: आईसीसी के ताजा टी20 रैंकिंग में भारत के स्टार बल्लेबाज अभिषेक शर्मा बड़ छलांग लगवले बाड़ें। ऊ बल्लेबाजन में करिअर के सर्वश्रेष्ठ दूसरका पायदान पs पहुंच गइल बाडे़ं। इंग्लैंड के खिलाफ पांचवां टी20 में अभिषेक बेहतरीन शतक जड़ले रहस। एकर फायदा उनका आईसीसी के रैंकिंग में मिलल आ ऊ 38 स्थानन के छलांग लगवलें।
अभिषेक के दूसरका पायदान पs पहुंचला के वजह से तिलक के आपन स्थान गंवावे के पड़ल। तिलक एक स्थान के नुकसान के संगे तीसरका पायदान पs पहुंच गइलें। ट्रेविस हेड टी20 बल्लेबाजन में शीर्ष पs बनल बाड़ें।
टी20 बल्लेबाजी में शीर्ष-10
हेड के लगे 855 रेटिंग अंक बा। ओहिजा, अभिषेक के 829 रेटिंग अंक आ तिलक के 803 रेटिंग अंक बा। चउथा नंबर पs 798 रेटिंग अंकन के संगे फिल सॉल्ट आ पांचवा नंबर पs 738 रेटिंग अंकन के संगे भारत के मवजूदा टी20 कप्तान सूर्यकुमार यादव बाड़ें।
एकरा बाद जोस बटलर, बाबर आजम, पाथुम निसांका, मोहम्मद रिजवान आ कुसल परेरा के नंबर आवेला। अभिषेक के ऊपर आवे के वजह से नउवा रैंक तक सभे के एक-एक स्थान के नुकसान भइल बा।
एकरा के जरूर देखीं: NAZARIA| नजरिया | MADDHIM | PARITOSH TRIPATHI| ARUNA GIRI | PRATIMA YOGI |YAYAWARI VIA BHOJPURI |
ओहिजा, भारत के यशस्वी जायसवाल तीन स्थान के नुकसान के संगे शीर्ष-10 से बाहर हो गइल बाड़ें। उनकर मवजूदा रैंकिंग 12 बा। अभिषेक इंग्लैंड के खिलाफ पांचवां टी20 में 54 गेना में 13 छक्कन के मदद से 135 रन के पारी खेलले रहस। एकरा बदौलत भारत इंग्लैंड पs 4-1 से सीरीज जीत दर्ज कइले रहे। अभिषेक शीर्ष पs काबिज हेड से बस 26 रेटिंग अंक पीछे बाड़ें।
ICC Rankings: टी20 गेंदबाजी रैंकिंग
ओहिजा, टी20 गेंदबाजन में भारत के वरुण चक्रवर्ती के फायदा भइल बा। वरुण इंग्लैंड के खिलाफ सीरीज में प्लेयर ऑफ द सीरीज रहल रहस। ऊ 14 विकेट लेके सीरीज में सबसे जादे विकेट लेवे वाला गेंदबाज रहलें। एही के वजह से उनका के इंग्लैंड के खिलाफ तीन मैचन के वनडे सीरीज में जगहो दिहल गइल बा।
अब वरुण टी20 में तीन स्थानन के छलांग लगाके आ करिअर बेस्ट संयुक्त रूप से दूसरका स्थान पs पहुंच गइल बाड़ें। उनकर आ इंग्लैंड के आदिल रशीद के समान रेटिंग अंक बा। दुनो के 705-705 रेटिंग अंक बा। वेस्टइंडीज के अकील हुसैन 707 रेटिंग अंक के संगे टी20 गेंदबाजी रैंकिंग में शीर्ष पs बाडे़। चउथा स्थान पs वानिंदु हसरंगा आ पांचवां स्थान पs एडम जैम्पा बा।
भारत के रवि बिश्नोई एक स्थान चढ़के छठा पायदान पs पहुंच गइल बाड़ें। उनकर रेटिंग अंक 671 बा। शीर्ष-10 में भारत के तीन गेंदबाज बाड़ें। एमे वरुण, बिश्नोई के अलावे अर्शदीप सिंह सामिल बाड़ें। अर्शदीप के हालांकि, एक जगह के नुकसान भइल बा आ ऊ आठवां से नौवां पायदान पs लुढ़क गइलें।
अक्षर पटेल 11वां से 13वां स्थान पs लुढ़क गइल बाड़ें। ओहिजा, पहिले शीर्ष पs काबिज आदिल रशीद लुढ़क के दूसरका पायदान पs पहुंच गइल बाड़ें। एकरा अलावे जोफ्रा आर्चर के चार जगहन के नुकसान भइल। ऊ छठा पायदान से लुढ़क के 10वां पायदान पs पहुंच गइलें।
टेस्ट रैंकिंग के हाल
गॉल में हाले में ऑस्ट्रेलिया पहिला टेस्ट में श्रीलंका के पारी आ 242 रन से हरवले रहस। एकरा बाद कइयन ऑस्ट्रेलियाई खिलाड़ियन के नवीनतम टेस्ट रैंकिंग में फायदा भइल बा। कार्यवाहक कप्तान स्टीव स्मिथ 35वां टेस्ट शतक के बाद तीन स्थान के फायदा के संगे पांचवां पायदान पs पहुंच गइल बाड़ें।
उस्मान ख्वाजा 232 रन के अपना सर्वोच्च टेस्ट स्कोर बनवला के बाद छव स्थान चढ़के 11वां पायदान पs पहुंच गइलें। यशस्वी जयसवाल टेस्ट बल्लेबाजन के सूची में चउथा स्थान पs बनल बाड़ें। टेस्ट बल्लेबाजन में शीर्ष पs इंग्लैंड के जो रूट बाड़ें। उनका बाद हैरी ब्रूक आ न्यूजीलैंड के केन विलियमसन बाड़ें।
पीठ के ऐंठन से उबर रहल जसप्रीत बुमराह टेस्ट गेंदबाजन में आपन शीर्ष स्थान बरकरार रखले बाड़ें। उनका के हाले में आईसीसी साल 2024 के सर्वश्रेष्ठ पुरुष क्रिकेटर आ सर्वश्रेष्ठ पुरुष टेस्ट क्रिकेटर के अवॉर्ड से सम्मानित कइल गइल रहे। बायां हाथ के स्पिनर रवींद्र जडेजा नउवां स्थान के साथ शीर्ष 10 में सामिल आउर भारतीय बाड़ें। दक्षिण अफ्रीका के कगिसो रबाडा एगो स्थान के छलांग लगाके दूसरका पायदान पs पहुंच गइल बाड़ें।
ऑस्ट्रेलिया के कप्तान पैट कमिंस तीसरा स्थान पs बाड़ें। उनका बाद जोश हेजलवुड आ पाकिस्तान के नोमान अली बाड़ें। ऑस्ट्रेलिया के अनुभवी स्पिनर नाथन लियोन गॉल में अपना प्रयासन के बाद दु स्थान के सुधार के संगे छठा पायदान पs आ तेज गेंदबाज मिचेल स्टार्क दु स्थान के सुधार के संगे 12वां पायदान पs पहुंच गइल बाड़ें।
Read Also: Chhapra News: डुमरी जुआरा में मेमू ट्रेन के ठहराव मंजूर: 20 गांव के यात्रियन के मिली सुविधा