Gorakhpur: सबेरे सात से 12 बजे तक चली आठवीं तक के स्कूल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 19, 2023

देह जरावत गरमी आ हर दिन बढ़त तापमान के देखत डीएम कृष्णा करुणेश स्कुलन के खुले आ छुट्टी लेवे के समय में बदलाव खातिर निरदेस देलें बाड़ें। जिला बेसिक शिक्षा अधिकारी रमेंद्र कुमार सिंह बतवलें

Share

देह जरावत गरमी आ हर दिन बढ़त तापमान के देखत डीएम कृष्णा करुणेश स्कुलन के खुले आ छुट्टी लेवे के समय में बदलाव खातिर निरदेस देलें बाड़ें।

जिला बेसिक शिक्षा अधिकारी रमेंद्र कुमार सिंह बतवलें कि डीएम के निरदेस पs कक्षा एक से कक्षा आठ तक के परिषदीय विद्यालय, अशासकीय सहायता प्राप्त विद्यालय आउर समस्त मान्यता प्राप्त विद्यालयन के समय में परिवर्तन कs दिहल गइल बा।

अब विद्यालय सबेरे सात बजे से 12 बजे तक संचालित कइल जाई। एकरा के कड़ाई से अनुपालन करावे के निरदेस दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.