Crime: 300 रुपिया में ऑनलाइन खरीद के टी-शर्ट दोस्त के दिहलस, बाकिर फेर का भइल…

Minee Upadhyay
Crime news

महाराष्ट्र के नागपुर में 300 रुपिया में ऑनलाइन खरीदल टीशर्ट के लेके विवाद के बाद एगो हिस्ट्री-शीटर ​​के हत्या कs दिहल गईल।  एह घटना से पूरा इलाका में हलचल मच गइल बा.  फिलहाल पुलिस मामला दर्ज क के दु भाई के गिरफ्तार कs लेले बिया।  सोमार के एगो पुलिस अधिकारी इs जानकारी देले।

जान लीं कि पूरा बात का बा

घटना शांतीनगर पुलिस थाना अंतर्गत कावरापेठ इलाका के हs। आरोपी अक्षय असोले एगो टीशर्ट 300 रुपिया में खरीद के शुभम हरणे के देले रहले काहे कि ओकर साइज उनुका फिट ना रहे।  हालांकि शुभम टीशर्ट के पईसा देवे से परहेज करत रहले।  एकरा चलते दुनों के आपस में झगड़ा हो गईल।  जब अक्षय जिद कइलन तs शुभम पइसा ओकरा पs फेंक दिहलन जवना से अक्षय नाराज हो गइलन.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

टी-शर्ट मौत के कारण बन गईल!

अतवार के अक्षय अवुरी उनुकर भाई प्रयाग कावरपेठ फ्लाइओवर के नजदीक शुभम के फोन कईले। प्रयाग शुभम के चाकू मार के हत्या कs देले।  घटना के बाद दुनो भाई मौका से फरार हो गईले। मायो थाना के अधिकारी बतवले कि बाद में दुनो आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गईल। उs बतवले कि नागपुर के अलग-अलग थाना में दुनो भाई के नाम पs मामला दर्ज बा।
इहो पढ़ीं: Basti: एक किलोवाट के कनेक्शन पs आइल 7.32 करोड़ रुपिया के बिजली बिल, उपभोक्ता के उड़ गइल होश

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment