[the_ad_group id="30365"]

भारत जोड़ो यात्रा के टेंट जरवले के कोशिश, कार्यकर्ता के सूझबूझ से पकड़इलें चार आरोपी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा खातिर बनल एगो टेंट में आग लगवले के कोशिश कइल गइल। सवाईमाधोपुर के बामनवास में सोमार के देर रात कुछ अज्ञात लोग टेंट में आग लगावे के तैयारी करत रहनें, एही दौरान एगो कांग्रेस कार्यकर्ता पुलिस के सूचना दिहलें।

मीडिया रिपोर्टस के अनुसार सवाईमाधोपुर के बामनवास में सोमार देर रात 10 से 15 लोग टेंट में गोवंश छोड़ के आग लगवले के तैयारी करत रहनें सब। एही दौरान एगो कांग्रेस कार्यकर्ता गोवंश के देखलें त ओके खदेड़े के कोशिश कइलें। तब्बे ऊ आरोपियन के आग लगवले के साजिश करत सुन लिहलें। कार्यकर्ता तत्काल पुलिस के सूचना दिहलें। पुलिस के देख के आरोपी सब भागे लागल लोग। पुलिस आरोपियन के पीछा कइलस अउर चार बदमाशन के पकड़ लिहलस।

मामिला के ले के कांग्रेस नेता ज्ञानचंद मीना मलारना डूंगर थाना में रिपोर्ट दर्ज करवलें। ऊ बतवलें कि सोमार रात 12 बजे भारत जोड़ो यात्रा खातिर टोंड गांव में खाना बनावल जात रहे। एही दौरान कैंप खातिर लागल टेंट में एगो कार अउर चार-पांच बाइक पs 10 से 15 लोग आइल। ऊ सभे ध्यान भटकावे खातिर गोवंश छोड़ दिहल। जब कार्यकर्ता गोवंश भगावे गइलें त एगो कार्यकर्ता बदमाशन के बात सुन लिहलें।

राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा के मंगर के राजस्थान में 9वां दिन ह। यात्रा बिहाने सवाई माधोपुर मे खंडार के जीनापुर से शुरू भइल। 10 बजे यात्रा सूरवाल बाइपास पहुंचल। राहुल के यात्रा दुब्बी बनास गांव में विराम लेई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]