[the_ad_group id="30365"]

सीवान में 20 लाख के जेवर समेत 21.5 लाख के चोरी: घर में सुतल रहे लोग, कमरा बहरी से बंद कs के चोर देले सs वारदात के अंजाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में सुक के रात के चोर चोरी के बड़ घटना के अंजाम देलें सs। घर में घुसके चोर 20 लाख रुपिया के कीमत के आभूषण आ डेढ़ लाख रुपिया नगद के चोरी कs लिहल लो। घटना दरौंदा थाना क्षेत्र के उजाय गांव के हs।

घटना के संबंध में बतावल जा रहल बा कि घर के सब लोग घर में सुतल रहे। एही दौरान घर के छज्जा पs चढ़के अज्ञात चोर घर में घुस गइलें। दु कमरन में सब लोग सुतल रहे। चोर दुनो कमरन के कुंडी बाहर से लगा देलें सs। आउर कमरन में घुसके 20 लाख रुपिया के आभूषण आ डेढ़ लाख रुपिया नगद चोरी कs  के फरार हो गइल।

कमरा में सूतल परिजन लोग सबेरे बाहर से कुंडी बंद पावल, तs अगल-बगल के लोगन के फोन कs के घर में बोलावल आ कुंडी खोलवावल। ओकर बाद देखल कि लगे के आउर तीन कमरन के ताला टूटल बा। कमरन से 20 लाख रुपिया के कीमत के आभूषण आ डेढ़ लाख रुपिया नगद के चोरी कs लिहल गइल।

पीड़ित परिजन लोग तुरंत पुलिस के सूचना दिहल। मवका पs पहुंचल पुलिस छानबीन कइल सुरू कs दिहल। ममिला में पीड़ित ब्यास सिंह के पुत्र अभिषेक कुमार सिंह दरौंदा थाना में आवेदन देके प्राथमिकी दर्ज करवलें बाड़े। ममिला में अभिषेक कुमार सिंह स्थानीय प्रशासन के लापरवाहियो बतवलें बाड़ें। दरौंदा थाना अध्यक्ष प्रवीण प्रभाकर कहलें कि आवेदन मिलल बा। प्राथमिकी दर्ज कs लिहल गइल बा आ जल्दी से जल्दी चोरन के पकड़ लिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]