राजस्थान के डिप्टी CM बैरवा के जान से मारे के धमकी, एs जगह मिलल नंबर के लोकेशन

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 27, 2025

राजस्थान से एगो चौंकावे वाला मामला सामने आ रहल बा। राज्य के उपमुख्यमंत्री आ भारतीय जनता पार्टी के नेता प्रेमचंद बैरवा के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा. सोझा आईल जानकारी के मुताबिक

Share

राजस्थान से एगो चौंकावे वाला मामला सामने आ रहल बा। राज्य के उपमुख्यमंत्री आ भारतीय जनता पार्टी के नेता प्रेमचंद बैरवा के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा. सोझा आईल जानकारी के मुताबिक राजधानी जयपुर के पुलिस कंट्रोल रूम में फोन कs के डिप्टी सीएम बैरवा के जान से मारे के धमकी दिहल गईल बा।

जयपुर केंद्रीय जेल से फोन आईल जयपुर के पुलिस आयुक्त बीजू जॉर्ज जोसेफ उप सीएम बैरवा के संबंध में मिलल धमकी के बारे में जानकारी देले बाड़े। उs बतवले बाड़े कि इs धमकी देवे वाला फोन कवनो अनजान नंबर से आईल बा। उपमुख्यमंत्री प्रेमचंद बैरवा के फोन पs जान से मारे के धमकी दिहल गईल। मोबाइल नंबर के लोकेशन जयपुर सेंट्रल जेल में मिलल बा। जेल विभाग के एह बारे में जानकारी दिहला के बाद जांच शुरू कs दिहल गइल बा.

प्रेमचंद बैरवा के हवें?

प्रेमचंद बैरवा जयपुर के नजदीक ‘दूदू’ विधानसभा सीट से भाजपा विधायक हउवें। कांग्रेस के मजबूत नेता बाबूलाल नगर के खिलाफ चुनाव में उs बड़ जीत दर्ज करवले रहले। प्रेमचंद बैरवा राजस्थान के उपमुख्यमंत्री अवुरी उच्च शिक्षा मंत्री के पद पs भी बाड़े। बैरवा के राजस्थान के डिप्टी सीएम घोषित कs के भाजपा सोशल इंजीनियरिंग के उदाहरण पेश कईले बिया। बैरवा भा बेरवा राजस्थान के साथे मध्य प्रदेश आ दिल्ली में रहे वाली एगो अनुसूचित जाति हवे। भाजपा सीएम पद खातिर एगो ब्राह्मण, पूर्व शाही परिवार से दिया कुमारी के डिप्टी सीएम पद खातिर आ अनुसूचित जाति से चेहरा पेश कs के एगो बड़हन जुआ खेलले बिया।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाई ब्लड प्रेशर में कारगर होला, इs तीन गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.