पटना के मैरेज हॉल में खूनी खेल, दूल्हा के भाई आ बहनोई पs गोलियन के बौछार; दुनो के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 13, 2024

सुक के राजधानी पटना में खूनी वारदात के अंजाम दिहल गइल। दानापुर में खगौल रोड इस्थित एगो मैरेज हॉल में देर रात हथियार बंद अपराधी बियाह समारोह के दौरान दूल्हा के बड़ भाई आ बहनोई

Share

सुक के राजधानी पटना में खूनी वारदात के अंजाम दिहल गइल। दानापुर में खगौल रोड इस्थित एगो मैरेज हॉल में देर रात हथियार बंद अपराधी बियाह समारोह के दौरान दूल्हा के बड़ भाई आ बहनोई के गोली मारके हत्या कs देलें सs।

एह घटना के बेरा मैरेज हॉल के भीतर जयमाल चलत रहे। एही दौरान मैरेज हॉल के बाहर चार बाइक पs बइठल आठ के संख्या में बदमाश फायरिंग कइल सुरू कs दिहल लो।

फायरिंग के आवाज सुनले दूल्हा के चाचा बाहर अइलें तs देखलें कि दु लोगन के गोली लागल बा। बदमाश जब उनको पs फायरिंग कइले सs तs ऊ हॉल के भीतरी भगलें।

का बा पूरा ममिला

बतावल जात बा कि जमुई के मलयपुर के टून सिंह के बेटा अमित के बारात आइल रहे। बक्सर के बड़की नैनीजोड निवासी सूर्यदेव उपाध्याय के बेटी प्रगति के बियाह रहे।

मृतक के पहचान जमुई जिला के मलेयपुर के गोल्डेन सिंह (दूल्हा के भाई) आ भागलपुर जिला के मानिकपुर थाना के शाहकुंड निवासी सर्वेन्द्र सिंह (दूल्हा के बहनोई) के रूप में भइल बा। घटना के बाद दुनो पक्ष के लोग बिना बियाह कइले घरे लवट गइल लो।

बारात दानापुर खगौल मार्ग इस्थित रूद्रा मैरेज हॉल में आइल रहे। घटना के सूचना मिलला के बाद पुलिस मवका पs पहुंच के ममिला के जांच में जुटल बिया। घटनास्थल से पांच पिस्टल के खोखा पुलिस बरामद कइले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.