शिवपुरी के रहे वाली सीआरपीएफ के महिला असिस्टेंट कमांडेंट पूनम गुप्ता के बियाह 12 फरवरी के राष्ट्रपति भवन इस्थित मदर टेरेसा क्राउन परिसर में होई। ई पहिला बेर हs जब कवनो अधिकारी के बियाह खातिर राष्ट्रपति भवन के परिसर उपलब्ध करावल गइल बा। राष्ट्रपति के सुरक्षा में तैनात होखला के कारण पूनम के अच्छा आचरण आ बेवहार के कारण राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू उनका से बहुते प्रभावित बाड़ी आ ऊ पूनम के बियाह खातिर राष्ट्रपति भवन के मदर टेरेसा क्राउन परिसर के बियाह खातिर उपलब्ध हो रहल बा। एह परिसर में होखे वाला बियाह खातिर एमे परिवार के नात-रिश्तेदार सामिल होई लो। पूनम के बियाह जम्मू-कश्मीर में पदस्थ सीआरपीएफ के असिस्टेंट कमांडेंट अवनीश कुमार से होई।
Watch Now: Hardi Chadhela | हरदी चढ़ेला रघुनाथ के | Haldi Song| Vivah Geet|
12 फरवरी के होई समारोह
शिवपुरी के बेटी शिवपुरी पूनम गुप्ता जे सीआरपीएफ के महिला असिस्टेंट कमांडेंट हई आ राष्ट्रपति भवन में पीएसओ के पद पs तैनात बाड़ी। उनकर बियाह जम्मू-कश्मीर में पदस्थ सीआरपीएफ के असिस्टेंट कमांडेंट अवनीश कुमार से होई। 12 फरवरी के समारोह होई। परिवार के नजदीकी प्रमेंद्र बिरथरे बतवलें कि पूनम शिवपुरी के श्रीराम कॉलोनी में निवासरत आ नवोदय विद्यालय में पदस्थ कार्यालय अधीक्षक रघुवीर गुप्ता के बेटी हई। असिस्टेंट कमांडेंट पूनम गुप्ता राष्ट्रपति भवन में पीएसओ के पद पs तैनात बाड़ी।
पूनम से प्रभावित बाड़ी राष्ट्रपति
बतावल जाला कि पूनम के आचरण आ बेवहार से राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू बेहद प्रभावित रहल बा। जब उनका पता चलल कि पूनम के बियाह होखे वाला बा तs ऊ राष्ट्रपति भवन के मदर टेरेसा क्राउन परिसर में उनका बियाह के बेवस्था तय कइलें। बियाह में अब चुनिंदा मेहमान सामिल होई लो।
वर्ष 2024 में परेड में महिला टुकड़ी के नेतृत्व कइले रहली
बतावल जा रहल बा कि असिस्टेंट कमांडेंट पूनम गुप्ता बरिस 2024 में गणतंत्र दिवस परेड में ऊ सीआरपीएफ के महिला टुकड़ी के नेतृत्व कइली। पूनम गुप्ता गणित में स्नातक आ अंग्रेजी साहित्य में पोस्ट ग्रेजुएट कइले बाड़ी। ऊ जीवाजी विश्वविद्यालय ग्वालियर से बीएड कइली। ऊ जवाहर नवोदय विद्यालय, श्योपुर के पूर्व छात्रा हई। पूनम यूपीएससी सीएपीएफ परीक्षा-2018 में 81वीं रैंक हासिल कइली आ सीआरपीएफ में असिस्टेंट कमांडेंट बनली।
Read Also: गोरखपुर के सिकरीगंज के लगे सड़क दुर्घटना- तीन लोगन के मौत, पहचान ना हो सकल