[the_ad_group id="30365"]

लालू प्रसाद दिल्ली एम्स में भर्ती, तेजस्वी कहले – जरुरत पड़ला पs बाबुजी जी के विदेशो ले जाइब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद बेहतर चिकित्सा इलाज खातिर बुध के रात दिल्ली रवाना हो गइलन। उ स्पेशल डॉक्टरन के टीम के संगे एयर एम्बुलेंस से दिल्ली एम्स पहुंचले। मिलल जानकारी के मोताबिक लालू प्रसाद के रात के करीब साढ़े नौ बजे एम्स दिल्ली में भर्ती करावल गइल। ओने लालू के छोट बेटा तेजस्वी प्रसाद कहले बाड़े कि जरूरत पड़ला पs उ अपना बाबुजी के बेहतर इलाज खाती विदेश ले जइहे।

एयर एम्बुलेंस में लालू के संगे उनुकर बड़ बेटी मिसा भारती अवुरी बड़ बेटा तेज प्रताप रहले। पहिलही दिने में उनकर पत्नी अवुरी पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी, बेटा तेजस्वी यादव अवुरी पतोह राजश्री सेवा विमान से दिल्ली पहुंचल रहे लो।

बता दीं कि बेमार लालू प्रसाद के मंगर के रात से दिल्ली ले जाए के तइयारी होखत रहे। लालू परिवार एह ममिला में अपना डॉक्टर से बात कइलस, ओकरा बाद पारस अस्पताल प्रबंधन से बात कइलस। अस्पताल प्रबंधन से ग्रीन सिग्नल मिलला के बाद उ लोग दिल्ली ले जाए के तइयारी सुरू क देले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]