[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: दीपावली से छठ के बीचे रोडवेज चलाई 650 बस, यात्रियन के ना होई परेसानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीपावली आ छठ महापर्व के बीचे परिवहन निगम गोरखपुर परिक्षेत्र से 650 अतिरिक्त बस चलाई। एह बसन के संचालन 31 अक्टूबर तक दिल्ली, कानपुर, लखनऊ, वाराणसी आ प्रयागराज के संगे आसपास के जिलन खातिर कइल जाई।

परिवहन निगम के क्षेत्रीय प्रबंधक प्रमोद कुमार तिवारी बतवले कि गोरखपुर परिक्षेत्र में गोरखपुर, राप्तीनगर, देवरिया, बस्ती, सिद्धार्थनगर, निचलौल, सोनौली, पडरौना डिपो शामिल बा। यात्रियन के सुविधा खातिर सब डिपो से बसन के संचालन होई।

बसन के संचालन ठीक तरीका से होखे, एकरा खातिर चालकन-परिचालकन आ कर्मचारियन के छुट्टियां रद्द कइल जाई। संगही 10 दिनन तक लगातार ड्यूटी करे वालन के प्रोत्साहन राशियो दिहल जाई।

बता दीं कि जाव कि रोडवेज कर्मचारी यात्रियन के अपना क्षेत्रन के बसन में बइठे में मदद करी लो। एकरा संगही लोकल रूटन प बस के फेरा बढ़ावल जाव। बता दीं कि दिल्ली आ लखनऊ रूट प बेसी बस चलावे के योजना बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]