लखनऊ : उत्तर प्रदेश में पिछला कुछ दिनन से ठंडा के सितम जारी बा। अतवार के जहां सबेरे तेज घाम निकलल, ओहिजा सांझ होत-होत कइयन जगहन पs हल्का बरखा भइल। एकरा चलते रात में गलन भरल ठंडा लोगन के परेसानी बढ़ा देलस। मौसम विभाग के अनुसार ठंडा के सिलसिला अभी जारी रही। सोमार के भीषण ठंड के संगही घना कोहरा के असर दिखाई पड़ सकत बा। हालांकि एह दौरान मौसम साफ रही। 65 जिलन में घना कोहरा के अलर्ट जारी कइल गइल बिया। 48 घंटा बाद फेर बरखा होखे के संभावना बा।
अतवार के प्रदेश में सबसे न्यूनतम तापमान कानपुर के रहल, जहां 5.4 डिग्री न्यूनतम तापमान दर्ज कइल गइल। फतेहपुर में सबसे कम 15.2 ℃ अधिकतम तापमान रिकॉर्ड कइल गइल बा। लखनऊ में 11.7℃ न्यूनतम तापमान आ 21.3℃ अधिकतम तापमान दर्ज कइल गइल बा।
एह जिलन में रह सकत बा घन कोहरा
मौसम विभाग के मोताबिक, सोमार के देवरिया, गोरखपुर, संतकबीरनगर, बस्ती, कुशीनगर, महाराजगंज, सिद्धार्थनगर आ गोंडा जिला में घन से बहुत घन कोहरा छाये के संभावना बा। संगही बलरामपुर, श्रावस्ती, बहराइच, लखीमपुर खीरी, मेरठ, सहारनपुर, शामली, मुजफ्फरनगर, बामपत, मथुरा, हाथरस, आगरा, फिरोजाबाद, इटावा, बिजनौर, अमरोहा, मुरादाबाद, रामपुर, बरेली, पीलीभीत आ ओकरा आसपास के इलाकन में घन से बहुत घन कोहरा छइला के आसार बा।
कौशांबी, प्रयागराज, फतेहपुर, प्रतापगढ़, मऊ, वाराणसी, संत रविदास नगर, जौनपुर, गाजीपुर, आजमगढ़ आ बलिया जिला में घन कोहरा छाइल रह सकत बा। सीतापुर, हरदोई, फर्रुखाबाद, कन्नौज, कानपुर देहात, कानपुर नगर, उन्नाव, लखनऊ, बाराबंकी, रायबरेली, अमेठी, सुल्तानपुर, अयोध्या, अम्बेडकरनगर आ गाजियाबाद जिला में घन कोहरा छइला के आसार बा। ओहिजा हापुड़, गौतमबुद्ध नगर, बुलंदशहर, अलीगढ़, कासगंज, एटा, मैनपुरी औरैया, शाहजहांपुर, संभल, बदायूं आ ओकरा आसपास के इलाकन में घन कोहरा छइला के अलर्ट जारी कइल गइल बा।
15 आ 16 के हो सकत बा बरखा
प्रदेश में मकर संक्रांति पs 14 जनवरी के मौसम साफ रहला के संभावना बा। हालांकि, प्रदेश के दुनो हिस्सन में घन कोहरा छाइल रह सकत बा। 15 आ 16 जनवरी के मौसम एक बार फेर करवट ली, एह दौरान प्रदेश में बरखा होखला के संभावना जतावल गइल बा। एह अवधि में घना कोहरा के अलर्ट के संगही बहुते हलुका से हलुका बरखा होखे के संभावना बा।