[the_ad_group id="30365"]

श्रावणी मेला के अवसर पs स्पेशल ट्रेन के परिचालन: श्रद्धालुअन के सुविधा के देखत रेलवे लेलस फैसला, पटना से सुल्तानगंज रूट पs चली 3 ट्रेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्रावणी मेला के अवसर पs श्रद्धालुअन के सुविधा खातिर रेलवे द्वारा 05 श्रावणी मेला स्पेशल ट्रेन के परिचालन कइल जा रहल बा। एही कड़ी में आउर 02 जोड़ी श्रावणी स्पेशल ट्रेन के परिचालन करे के निर्णय लिहल गइल बा। जवना के जानकारी मुख्य जनसंपर्क अधिकारी वीरेंद्र कुमार देले बाड़ें।

ट्रेनन के विवरण 

1. गाड़ी सं. 03266/03265 पटना-भागलपुर-पटना श्रावणी मेला स्पेशल – ई स्पेशल दिनांक 06.07.2023 से 31.08.2023 तक हरदिन पटना आ भागलपुर से परिचालित कइल जाई। गाड़ी संख्या 03266 पटना-भागलपुर श्रावणी मेला स्पेशल 06.07.2023 से 31.08.2023 तक प्रतिदिन पटना जं. से 06.40 बजे खुलके 14.00 बजे भागलपुर पहुंची। वापसी में, गाड़ी संख्या 03265 भागलपुर-पटना श्रावणी मेला स्पेशल दिनांक 06.07.2023 से 31.08.2023 तक प्रतिदिन भागलपुर से 15.15 बजे खुलके 20.35 बजे पटना जं. पहुंची।

अप आ डाउन दिशा में ई श्रावणी मेला स्पेशल ट्रेन पटना आ भागलपुर बीच राजेंद्रनगर, पटना साहिब, फतुहा, खुसरूपुर, बख्तियारपुर, बाढ़, मोकामा, हाथीदह, बड़हिया, मनकट्ठा, लखीसराय, किउल, अभयपुर, जमालपुर आ सुलतानगंज स्टेशनन पs रूकी। एह स्पेशल ट्रेन में प्रथम वातानुकूलित श्रेणी के 01, द्वितीय वातानुकूलित श्रेणी के 02, तृतीय वातानुकूलित श्रेणी के 06, शयनयान श्रेणी के 08 आ साधारण श्रेणी के 03 कोच होई।

 

2. गाड़ी सं. 03206/03205 मोकामा-जसीडीह-मोकामा श्रावणी मेला स्पेशल- ई स्पेशल ट्रेन दिनांक 05.07.2023 से 31.08.2023 तक हरदिन मोकामा आ जसीडीह के बीच परिचालित कइल जाई। गाड़ी संख्या 03206 मोकामा-जसीडीह श्रावणी मेला स्पेशल 05.07.2023 से 31.08.2023 तक प्रतिदिन मोकामा से 09.15 बजे खुलके 11.45 बजे जसीडीह पहुंची। वापसी में, गाड़ी संख्या 03205 जसीडीह-मोकामा श्रावणी मेला स्पेशल दिनांक 05.07.2023 से 31.08.2023 तक हरदिन जसीडीह से 12.30 बजे खुलके 15.25 बजे मोकामा पहुंची।

अप आ डाउन दिशा में ई श्रावणी मेला स्पेशल ट्रेन मोकामा आ जसीडीह के बीच हाथीदह, बड़हिया, मनकट्ठा, लखीसराय, किउल, जमुई आ झाझा स्टेशनन पs रूकी। एह स्पेशल ट्रेन में साधारण श्रेणी के 14 कोच होई।

एकरा संगही गाड़ी सं. 05508/07 रक्सौल-भागलपुर-रक्सौल श्रावणी स्पेशल के घोड़ासहन स्टेशन पs अतिरिक्त ठहराव प्रदान कइल जा रहल बा। गाड़ी सं. 05508 रक्सौल-भागलपुर श्रावणी स्पेशल 06.13 बजे घोड़ासहन स्टेशन पहुंचके 06.15 बजे आगे खातिर प्रस्थान करी। एही तरे 05507 भागलपुर-रक्सौल श्रावणी स्पेशल 01.40 बजे घोड़ासहन पहुंचके 01.42 बजे आगे खातिर प्रस्थान करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]