Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IPL 2025 Retention List: धोनी-रोहित आ कोहली रिटेन, केएल-अय्यर के कटल पत्ता, इहां देखीं पूरा रिटेंशन लिस्ट

141
हमनी के इहां रउआ के रिटेन कइल गइल खिलाड़ियन के पूरा जानकारी दे रहल बानी सs…

मुंबई इंडियंस

आईपीएल में पांच बार विजेता बन चुकल मुंबई इंडियंस अपना कोर ग्रुप के रिटेन कइले बिया। फ्रेंचाइजी जसप्रीत बुमराह के 18 करोड़ रुपिया में रिटेन कइले बिया। एकरा अलावे रोहित शर्मा, हार्दिक पांड्या, सूर्यकुमार यादव आ तिलक वर्मा के रिटेन कइल गइल बा। ई सब कैप्ड खिलाड़ी हs लो। अब मुंबई के लगे एगो आरटीएम कार्ड बा। एकर इस्तेमाल टीम एगो अनकैप्ड खिलाड़ी के जोड़े में कर सकत बिया। ईशान किशन के रिलीज कs दिहल गइल बा।

खिलाड़ी सैलरी
जसप्रीत बुमराह 18 करोड़
सूर्यकुमार यादव 16.35 करोड़
हार्दिक पांड्या 16.35 करोड़
रोहित शर्मा 16.30 करोड़
तिलक वर्मा 8 करोड़

सनराइजर्स हैदराबाद

सनराइजर्स हैदराबाद पांच कैप्ड खिलाड़ियन के रिटेन कइले बा। एमे कप्तान पैट कमिंस, विस्फोटक बल्लेबाज ट्रेविस हेड, हेनरिक क्लासेन, नीतीश रेड्डी आ अभिषेक शर्मा सामिल बा लो।  मुंबई के तरे ऑक्शन में एकरा लगे राइट टू मैच कार्ड से एगो अनकैप्ड खिलाड़ी के अपना संगे जोड़े के मवका होई।

खिलाड़ी सैलरी
हेनरिक क्लासेन 23 करोड़
पैट कमिंस 18 करोड़
ट्रेविस हेड 14 करोड़
अभिषेक शर्मा 14 करोड़
नीतीश रेड्डी 6 करोड़

चेन्नई सुपर किंग्स 

चेन्नई सुपर किंग्स पांच खिलाड़ियन के रिटेन कइले बिया। एमे महेंद्र सिंह धोनी, ऋतुराज गायकवाड़, मथीशा पथिराना, शिवम दुबे आ रवींद्र जडेजा सामिल बा लो। अब सीएसके के लगे राइट टू मैच कार्ड के माध्यम से एगो खिलाड़ी के रिटेन करे के मवका होई।

खिलाड़ी सैलरी
ऋतुराज गायकवाड़ 18 करोड़
रवींद्र जडेजा 18 करोड़
मथीशा पथिराना 13 करोड़
शिवम दुबे 12 करोड़
महेंद्र सिंह धोनी 4 करोड़

दिल्ली कैपिटल्स

दिल्ली कैपिटल्स कप्तान ऋषभ पंत के रिलीज कs देले बिया। दिल्ली जवन चार खिलाड़ियन के रिटेन कइले बिया, ओमे अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, ट्रिस्टन स्टब्स आ अभिषेक पोरेल सामिल बा लो। अक्षर, कुलदीप आ स्टब्स कैप्ड खिलाड़ी हs लो, जबकि पोरेल अनकैप्ड हवे। दिल्ली के लगे ऑक्शन में राइट टू मैच कार्ड से एगो कैप्ड भा अनकैप्ड खिलाड़ी के अपना संगे जोड़े के मवका होई।

खिलाड़ी सैलरी
अक्षर पटेल 16.5 करोड़
कुलदीप यादव 13.25 करोड़
ट्रिस्टन स्टब्स 10 करोड़
अभिषेक पोरेल 4 करोड़

राजस्थान रॉयल्स

राजस्थान रॉयल्स चउकावे वाला फैसला लेत जोस बटलर के रिलीज कs देले बा। एकरा अलावे युजवेंद्र चहल आ रविचंद्रन अश्विन के रिलीज कs दिहल गइल बा आ अब टीम एह लोगन के किनले पs सामिल कs पाई। फ्रेंचाइजी संजू सैमसन, यशस्वी जायसवाल, रियान पराग, ध्रुव जुरेल, शिमरोन हेटमायर आ संदीप शर्मा के रिटेन कइले बिया। राजस्थान रॉयल्स छव खिलाड़ियन के रिटेन कइले बा। एमे पांच कैप्ड खिलाड़ी आ एगो कैप्ड खिलाड़ी बा। अब एकरा लगे  ऑक्शन में राइट टू मैच कार्ड के इस्तेमाल करे के मवका ना होई।

खिलाड़ी सैलरी
संजू सैमसन 18 करोड़
यशस्वी जायसवाल 18 करोड़
रियान पराग 14 करोड़
ध्रुव जुरेल 14 करोड़
शिमरोन हेटमायर 11 करोड़
संदीप शर्मा 4 करोड़

पंजाब किंग्स

पंजाब किंग्स खाली दु खिलाड़ियन के रिटेन कइले बा। एमे प्रभसिमरन सिंह आ शशांक सिंह सामिल बा लो। ओहिजा, फ्रेंचाइजी चउकावे वाला फैसला लेत अर्शदीप सिंह, जॉनी बेयरस्टो जइसन कुछ बड़ स्टार्स के रिलीज कइले बिया। शशांक उहे खिलाड़ी हवे, जे पंजाब पिछला साल ऑक्शन में गलती से किनले रहे आ अब ऊ एह सीजन सबसे पहिले रिटेन भइल बाड़ें ।

खिलाड़ी सैलरी
शशांक सिंह 5.5 करोड़
प्रभसिमरन सिंह 4 करोड़

कोलकाता नाइट राइडर्स 

आईपीएल 2024 में कोलकाता नाइट राइडर्स के खिताब जितावे वाला कप्तान श्रेयस अय्यर के रिलीज कs दिहल गइल बा। फ्रेंचाइजी रिंकू सिंह, वरुण चक्रवर्ती, सुनील नरेन, आंद्रे रसेल, हर्षित राणा, रमनदीप सिंह के रिटेन कइले बिया। टीम चार कैप्ड आ दु अनकैप्ड खिलाड़ी सामिल कइले बिया।

खिलाड़ी सैलरी
रिंकू सिंह 13 करोड़
वरुण चक्रवर्ती 12 करोड़
सुनील नरेन 12 करोड़
आंद्रे रसेल 12 करोड़
हर्षित राणा 4 करोड़
रमनदीप सिंह 4 करोड़

गुजरात टाइटंस

गुजरात टाइटंस अपना कोर ग्रुप के रिटेन कइले बिया। एमे शुभमन गिल, राशिद खान, साई सुदर्शन, राहुल तेवतिया आ शाहरुख खान सामिल बा लो। एमे तीन कैप्ड आ दु अनकैप्ड खिलाड़ी सामिल बा लो।

खिलाड़ी सैलरी
राशिद खान 18 करोड़
शुभमन गिल 16.5 करोड़
साई सुदर्शन 8.5 करोड़
राहुल तेवतिया 4 करोड़
शाहरुख खान 4 करोड़

लखनऊ सुपर जाएंट्स

लखनऊ पांच खिलाड़ियन के रिटेन कइले बिया। फ्रेंचाइजी केएल राहुल के रिलीज कs देले बिया। एमे निकोलस पूरन, मयंक यादव, आयुष बदोनी, मोहसिन खान आ रवि बिश्नोई सामिल बा लो।

खिलाड़ी सैलरी
निकोलस पूरन 21 करोड़
रवि बिश्नोई 11 करोड़
मयंक यादव 11 करोड़
मोहसिन खान 4 करोड़
आयुष बदोनी 4 करोड़

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु विराट कोहली, रजत पाटीदार आ यश दयाल के रिटेन कइले बा। रजत आ विराट कैप्ड खिलाड़ी आउर यश अनकैप्ड खिलाड़ी बाड़ें।

खिलाड़ी सैलरी
विराट कोहली 21 करोड़
रजत पाटीदार 11 करोड़
यश दयाल 1 करोड़

1000590cookie-checkIPL 2025 Retention List: धोनी-रोहित आ कोहली रिटेन, केएल-अय्यर के कटल पत्ता, इहां देखीं पूरा रिटेंशन लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.