[the_ad_group id="30365"]

बिहार में हेड टीचर सहित 46,308 पदन पs वैकेंसी, आयु सीमा 58 वर्ष, महिला लोगन के फीस में छूट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में प्रधानाध्यापक आ प्रधान शिक्षक के बहाली के विज्ञापन जारी कइल गइल बा। एकरा तहत माध्‍यमिक स्‍ कूलन में हेडमास्‍टर माने प्रधानाध्‍यपक के 6061 पदन पs भर्ती होई।

एही तरे प्राइमरी स्‍ कूलन में प्रधान शिक्षकन खातिर 40247 पदन पs नियुक्तियां होखे के बा। उम्मीवार बीपीएससी के ऑफिशियल वेबसाइट www.bpsc.bih.nic.in पs जाके आवेदन कs सकत बा लो।

वैकेंसी डिटेल्स :

  • बिहार लोक सेवा आयोग के प्रधानाध्‍यापक पदन पs भर्तियन में अत्‍यंत पिछड़ा वर्ग खातिर 1595 पद आरक्षित बा।
  • सामान्‍य वर्ग खातिर 1340 पद, एससी खातिर 1283 पद बा।
  • पिछड़ा वर्ग खातिर 1139 पद , आर्थिक रूप से कमजोर वर्ग खातिर 576 पदन पs भर्ती होई।

योग्यता :

  • 50% अंकन के संगे पीजी के डिग्री।
  • शिक्षक भारत के नागरिक आ बिहार राज्य के निवासी होखे।
  • अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति, अत्यंत पिछड़ा वर्ग, पिछड़ा वर्ग, दिव्यांग महिला आ आर्थिक रूप से कमजोर वर्ग खातिर न्यूनतम निर्धारित अंक में 5% के छूट दिहल जाई।
  • मान्यता प्राप्त संस्थान से बी.एड भा बीएससी.एड पास होखे।
  • साल 2012 भा ओकरा बाद नियुक्त शिक्षक खातिर शिक्षक पात्रता परीक्षा में पास होखे।
  • राज्य सरकार के विद्यालय में पंचायती राज संस्था आ नगर निकाय संस्था अंतर्गत माध्यमिक शिक्षक के पद पs कम से कम आठ साल के लगातार सेवा होखे।
  • सीबीएसई, आईसीएसई, बीएसईबी से अस्थायी संबद्धता प्राप्त विद्यालय में माध्यमिक शिक्षा के पद पs कम से कम 12 साल के लगातार सेवा होखे।
  • राज्य सरकार के विद्यालय में पंचायती राज संस्था आ नगर निकाय संस्था के अंतर्गत उच्च माध्यमिक शिक्षक के पद पर कम से कम चार साल के अनुभव हो।
  • सीबीएसई, आई सी एस ई, बीएसईबी से अस्थायी संबद्धता प्राप्त विद्यालय में उच्च माध्यमिक शिक्षा के पद पs कम से कम 10 साल के अनुभव हो।

आयु सीमा :

  • प्राइमरी स्कूल हेड मास्टर: 58 साल
  • हाई स्कूल हेड मास्टर: 31-47 साल
  • आयु सीमा में छूट नियमानुसार दिहल जाई।

सैलरी :

  • प्रधानाध्यापक : 35000 रुपिया प्रतिमाह।
  • प्रधान शिक्षक : 30500 रुपिया प्रतिमाह।

सिलेक्शन प्रोसेस :

  • रिटन एग्जाम
  • डॉक्यूमेंट वेरिफिकेशन
  • फाइनल कट ऑफ

फीस :

  • जनरल, ओबीसी : 750 रुपए
  • एससी, एसटी : 200 रुपए
  • महिला : 200 रुपए

अइसे करीं आवेदन :

  • ऑफिशियल वेबसाइट bpsc.bih.nic.in पs जाईं।
  • होम पेज पs अप्लाय ऑनलाइन लिंक पs क्लिक करीं।
  • BPSC Online Application के दूसरका लिंक मिली, ओपर क्लिक करीं।
  • ई लिंक दूसरका वेबसाइट https://onlinebpsc.bihar.gov.in/ पs रिडायरेक्ट कs दी।
  • अब इहां से रउआ अपना आवेदन में मांगल गइल डिटेल्स के सबमिट कs के अप्लाय कs सकत बानी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]