[the_ad_group id="30365"]

अपराधियन के बढ़ल मनोबल, पूर्व चौकीदार के पिस्टल के बट से मारके कइले सs घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरख(सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: बिहार में अपराधियन के मनोबल बढ़के सातवां आसमान पs पहुंच चुकल बा। सूबे में लूटपाट डकैती आ हत्या ममिलन के देखत विपक्ष द्वारा बिहार में जंगलराज फेर से आवे के बात कहल जा रहल बा आ परिस्थितिय अब इहां तक पहुंच चुकल बा कि राज्य में कानून व्यवस्था के भार संभारे वाली बिहार पुलिस तक सुरक्षित नइखे आ पुलिस वालन पs हो रहल हमलन के देखते अब ई अंदाजा लगावल जा सकत बा कि राज्य के आम जनता केतना सुरक्षित बा।

ताजा ममिला बिहार के सारण जिला के मसरख थाना क्षेत्र के हs जहां थाना के पूर्व चौकीदार पर्वत मांझी के बीतल रात अपराधी सुतल अवस्था में पिस्टल के बट से मारके घायल कs देले सs। पीड़ित के कसूर खाली एतना रहे कि ऊ पहिले खुद चौकीदार रह चुकल रहे आ बेटा अभियो चौकीदार बा आ स्थानीय स्तर के अपराधियन के पकड़े में पुलिस के मदद करेला।

बतावल जात बा कि थाना क्षेत्र के चैनपुर निवासी चौकीदार पर्वत मांझी 2019 में सेवानिवृत्त भइल रहस आ उनका जगह पs अनुकंपा के आधार पs उनकर लईका दीपक कुमार चौकीदार के पद पs कार्यरत बाड़ें। मंगर के रात गांव में आइल एगो बारात में कुछ जुवकन द्वारा हल्ला हंगामा करे पs चौकीदार दीपक जब ओह लोगन के रोके के कोसिस कइलस तs जुवक उनका से उलझ गइले सs। ओकरा बाद स्थानीय लोग बीच-बचाव कs के ममिला के रफा-दफा करवा दिहल।

ओकरा तनी देर बाद नशे में धुत जुवक चौकीदार के घर पs पहुंचलें सs आ उनका के खोजल सुरू कइले सs जब ऊ ना मिलल तs ओकर पिता आ पूर्व चौकीदार पर्वत मांझी के संगे मारपीट करे लागल आ जाते-जाते पिस्टल के बट से माथा पs मार देले सs जवना के वजह से ऊ बेहोश हो गइलें।

शो

हल्ला गुल्ला सुनके परिजन तुरंते घायल के सीएचसी मशरक पहुंचावल लो जहां चिकित्सक लोग प्राथमिक उपचार कइला के बाद गंभीर अवस्था के देखत सदर अस्पताल छपरा रेफर कs दिहल। गंभीर रूप से घायल चौकीदार के हाथ पैर छाती आ पेट में गंभीर चोटे आइल रहे। ओहिजा पिस्टल के बट से मारल गइला के बाद माथा में बहुत बड़ घाव हो गइल रहे जेमे टांका लगावे के पड़ल।

इलाज करा के लवटला के बाद पीड़ित द्वारा एगो लिखित आवेदन स्थानीय थाना में देके ममिला के सूचना दिहल गइल आ पीड़ित द्वारा प्राप्त आवेदन के आलोक में प्राथमिकी दर्ज कs के स्थानीय थाना के पुलिस आगे के जांच आ कार्रवाई में जुट गइल बिया।

घटना के जानकारी पाके जय बिहार फाउंडेशन के संस्थापक संजय कुमार सिंह घायल पूर्व चौकीदार से मिलके उनकर कुशलक्षेम जनलें आ प्रशासनिक स्तर पs पहल कs के पीड़ित के हर संभव न्याय दिलावे के भरोसा जतवलें। ऊ कहलें कि जवना राज्य में पुलिस, चौकीदार आ उनकर परिवार वाला लोग खुदे सुरक्षित नइखे उहां जनता के सुरक्षा कइसे होई। ई बहुते चिंतनीय विषय बा आ जय बिहार फाउंडेशन एह ममिला के गंभीरता से लेते पीड़ित के न्याय दिलाने के हर संभव प्रयास करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]