Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एह 5 लोगन के तs बिल्कुल नाहीं खाए के चाही तोरई के सब्जी, जानीं का होला नुकसान

250

 

तोरई जवना के रिज गार्ड भी कहल जाला। इs एगो लोकप्रिय अवुरी स्वस्थ सब्जी हs जवन कि बहुत पोषक तत्व से भरपूर होखेला। तोरई में कई तरह के विटामिन अवुरी खनिज पदार्थ भरपूर मात्रा में होखेला। इs सब्जी ना खाली स्वादिष्ट होखेला बालुक एकरा के स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदेमंद मानल जाला। हालांकि कुछ लोग के एकरा के खाए से परहेज करे के चाही। का रउवा जानत बानी कि कवन-कवन लोग के तोरई खाए से बचे के सलाह दिहल जाला?

1.एलर्जी से ग्रस्त लोग

कुछ लोग के तोरई भा ओकरा से जुड़ल पौधा से एलर्जी हो सकेला। अयीसन लोग में तोरई के सेवन कईला पs खुजली, सूजन, लाल दाना अवुरी सांस लेवे में परेशानी जईसन लक्षण देखाई दे सकता। अगर केहू के तोरई से एलर्जी होखे तs ओकरा के खाए से परहेज करे के चाही।

2. पेट के समस्या वाला लोग

तोरई फाइबर से भरपूर सब्जी हs, जवन कि आम तौर पs पाचन तंत्र खातीर निमन होखेला। बाकिर, कुछ लोग में फाइबर के जादा मात्रा में गैस, पेट फूलल चाहे दस्त जईसन समस्या हो सकता। अयीसना में जवना लोग के पाचन तंत्र संवेदनशील होखेला, ओ लोग के तोरई के सीमित मात्रा में सेवन करे के चाही चाहे बिल्कुल ना करे के चाही।

3. गर्भवती मेहरारू 

हालांकि तोरई में पोषक तत्व भरपूर होखेला, लेकिन गर्भवती महिला के एकरा के जादा मात्रा में खाए से परहेज करे के चाही। एकर कारण इs बा कि कुछ मामला में तोरई में कड़वाहट हो सकता, जवन कि गर्भवती महिला खातीर नुकसानदेह हो सकता।

4-किडनी के समस्या 

तोरई में पोटेशियम के मात्रा जादा होखेला। पोटेशियम के जादा मात्रा से किडनी के समस्या से पीड़ित लोग के नुकसान हो सकता, काहेंकी उनुकर किडनी पोटेशियम के ठीक से छाने में सक्षम नईखे। एहसे किडनी के मरीज के तोरई के सेवन करे से पहिले अपना डॉक्टर से सलाह लेवे के चाही।

5. ऑक्सलेट सेंसिटिविटी

कुछ लोग में ऑक्सलेट के संवेदनशीलता होखेला। तोरई में ऑक्सालेट के मात्रा होखेला, जवना के चलते एs लोग में किडनी में पथरी चाहे अवुरी समस्या हो सकता। एहसे ऑक्सालेट के संवेदनशीलता वाला लोग के तोरई खाए से परहेज करे के चाही।

तोरई एगो स्वस्थ अवुरी पोषक तत्व से भरपूर सब्जी हs, बाकिर कुछ खास परिस्थिति में एकरा के खईला से समस्या हो सकता। अगर आपके ऊपर बतावल गईल कवनो समस्या के सामना करे के पड़ता तs तोरई के सेवन करे से पहिले अपना डॉक्टर से जरूर सलाह लीं।

 

 

880500cookie-checkएह 5 लोगन के तs बिल्कुल नाहीं खाए के चाही तोरई के सब्जी, जानीं का होला नुकसान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.