[the_ad_group id="30365"]

नहाए गइल 14 साल के बच्चा के मौत, वजह- ‘दिमाग खाए वाला अमीबा’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केरल में पिछला दु महीना में Amoebic Meningoencephalitis से होखे वाली इ तीसरका मौत हऽ। ई रेयर ब्रेन इन्फेक्शन Naegleria fowleri नाम के अमीबा से होता।

बीतल दु महीना में 3 बच्चन के मौत

केरल में एह ब्रेन इन्फेक्शन के कारण जवना बच्चन के मौत भइल बा। ओकर नाम मृदुल रहे। बतावल जा रहल बा कि बच्चा के इ संक्रमण एगो तालाब में पंवरे के चलते भइल रहे। ओकरा के 24 जून के हॉस्पिटल में एडमिट करावल गइल रहे। न्यूज एजेंसी PTI के रिपोर्ट के मोताबिक, केरल के स्वास्थ्य विभाग 4 जुलाई के लइका के मौत होखे के जानकारी देलस।

स्वास्थ्य विभाग के मोताबिक, कोड़िकोड के एगो प्राइवेट हॉस्पिटल में 3 जुलाई के रात करीब 11:20 बजे मृदुल के मौत हो गइल। केरल में बीतल दु महीना में अमीबिक मेनिंगोइन्सेफ्लाइटिस से होखे वाला इ तीसरका मौत हऽ। एकरा पहिले 21 मई के मलप्पुरम के एगो 5 साल के बच्ची आ 25 जून के कन्नूर के एगो 13 साल के लइकी के एह दुर्लभ संक्रमण के चलते मौत भइल रहे।

केरल स्वास्थ्य विभाग के अधिकारिय लोगन के ‘अमीबिक मेनिंगोएन्सेफेलाइटिस’ के लेके सावधानी बरते के सलाह देले बा। एकरा से पहिले इ बीमारी 2023 आ 2017 में राज्य के तटीय आलप्पुझा जिला में देखल गइल रहे।

ब्रेन ईटिंग अमीबा के संक्रमण कइसे होला ?

अमीबिक मेनिंगोइन्सेफ्लाइटिस नेगलेरिया फाउलेरी (Naegleria fowleri) नाम के अमीबा के कारण होला। एकरा के ब्रेन ईटिंग अमीबा कहल जाला। इ माटी , तालाब आ झील जइसन पानी के स्रोतों में पावल जाला। इ अमीबा 30 डिग्री सेल्सियस से ऊपर के तापमान में रहेला आ 45 डिग्री सेल्सियस तक के तापमान के सहन कर सकऽता।

Amoebic Meningoencephalitis एगो रेयर यानी दुर्लभ इन्फेक्शन हऽ। ई आमतौर पs जुलाई से सितंबर के बीच पावल जाले, जब मौसम गर्म होला। एकरा से संक्रमण के ज्यादातर मामला तालाब भा जलाशयन में नहाए के कारण पावल गइल बा।

इ अमीबा वॉटर एक्टिविटीज के दौरान नाक के रास्ता दिमाग में पहुंच सकेला। अइसन तब हो सकेला, जब कोई एह अमीबा वाला पानी में पंवरे भा डुबकी लगावे। अब तक एकरा ड्रॉपलेट से फइले के सबूत नइखे यानी इंसान से इंसान में एकर संक्रमण नइखे पावल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]