CHO Recruitment: बिहार में सीएचओ के 4500 पदन पs भरती, सैलरी 40000; नर्सिंग के पढ़ाई करे वाला खातिर मवका

Share

Bihar CHO Recruitment 2024: बिहार राज्य स्वास्थ्य सोसायटी (SHS) नराज्य में सामुदायिक स्वास्थ्य अधिकारियन (CHO) के भरती खातिर योग्य उम्मीदवारन से आवेदन मांगल गइल बा। कुल 4500 रिक्तियन पs अनुबंध के आधार पs भरती कइल जाई। आवेदन प्रक्रिया सुरू हो चुकल बा आ 21 नवंबर, 2024 के समाप्त होई। इच्छुक उम्मीदवार तय समय सीमा के भीतर एह पदन खातिर आधिकारिक वेबसाइट- shs.bihar.gov.in. पs जाके आवेदन जमा कs सकत बा लो।

हिमालय पs जलवायु परिवर्तन के असर!: हिमानी झीलन के क्षेत्रफल में बढ़न्ती, एह राज्यन में बाढ़ के जोखिम बढ़ल 

Bihar CHO Vacancy: रिक्ति विवरण 

एह भर्ती अभियान के तहत अनुबंध के आधार पs सामुदायिक स्वास्थ्य अधिकारी के 4500 पदन के भरल जाई। श्रेणीवार रिक्ति विवरण एह तरे बा:

  • सामान्य- 979
  • इडब्लूएस- 245
  • एससी- 1243
  • एसटी-55
  • ईबीसी-1170
  • बीसी-640
  • डब्लूबीसी-160

Bihar CHO Recruitment: सैलरी

चयनित उम्मीदवारन के 40,000 रुपिया महीना के वेतन दिहल जाई। एमे से 32,000 रुपये हर महीना निश्चित पारिश्रमिक के रूप में स्वीकार्य बा आ बाकी 8,000 रुपिया प्रदर्शन से जुड़ल भुगतान के रूप में भुगतान कइल जाये के बा।

Bihar CHO Eligibility: पात्रता मानदंड

आवेदक के लगे इंडियन नर्सिंग काउंसिल भा स्टेट नर्सिंग काउंसलिंग के ओर से प्रतिष्ठित संस्थान में बीएससी (नर्सिंग) के डिग्री होखे के चाहीं। शैक्षणिक बरिस 2024 से स्वास्थ्य में सर्टिफिकेट कोर्स सीसीएच के छव महीना के सर्टिफिकेट होखे के चाहीं भा बेसिक बीएससी नर्सिंग के संगे 6 महीना के सीसीएच सर्टिफिकेट होखे के चाहीं।

Bihar CHO Recruitment: आवेदन शुल्क

सामान्य/ओबीसी/ईडब्ल्यूएस श्रेणी के उम्मीदवारन के 500 रुपिया के आवेदन सुल्क देवे के होई। ओहिजा एससी/एसटी/पीएच आ सब श्रेणी के महिला उम्मीदवारन के 250 रुपिया के आवेदन शुल्क देवे के होई।

 

Bihar CHO Recruitment: कइसे करीं आवेदन

  • सबसे पहिले उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट shs.bihar.gov.in. पs जाईं।
  • एकरा बाद बिहार सीएचओ के एप्लीकेशन लिंक पs क्लिक करीं।
  • अब रजिस्ट्रेशन प्रक्रिया पूरा करीं।
  • फेर आवेदन खातिर मांगल गइल जानकारी दर्ज करीं।
  • सब आवश्यक दस्तावेज अपलोड कs के सबमिट कs दीं।
  • अंत में फॉर्म जमा कs दीं।
  • आगे के जरूरत खातिर आवेदन पत्र के एगो कॉपी अपना लगे रख लीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-