गुजरात में बिहाने नौ बजे ले 4.75% मतदान, पीएम मोदी लाइन में लाग के डरलें ओट

कुमार आशू
गुजरात के 14 जिला के 93 सीट पर आज दूसरे चरण के मतदान शुरू हो चुकल बा। पीएम मोदी अउर केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह आजु अहमदाबाद में वोट डरिहें। जौने जिला में मतदान होखे के बा, ओमें बनासकांठा, पाटन, मेहसाणा, साबरकांठा, अरावली, गांधीनगर, अहमदाबाद, आणंद, खेड़ा, महिसागर, पंच महल, दाहोद, वडोदरा अउर छोटका उदयपुर शामिल बा।

गुजरात में सुबह नौ बजे ले 4.75 फीसदी मतदान

गुजरात में दूसरे चरण के मतदान में सुबह नौ बजे ले 4.75 फीसदी वोटिंग भइल बा। लोग के लमहर कतार लागल बा। हालांकि, सुबह के हिसाब के देखल जाय त मतदान तनिक धीमा हो रहल बा।
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सुबह करीब 9.30 बजे रानिप में निशान पब्लिक स्कूल में बनल मतदान केंद्र में पहुंचलें। इहां ऊ लाइन में ठाढ़ लोग के साथ वोट डरलें। पीएम एह दौरान खुद से आगे ठाढ़ लोग के हाथ जोड़ के अभिवादनो कइलें।
गुजरात के मुख्यमंत्री भूपेंद्र पटेल दूसरे चरण में अहमदाबाद में वोट डारे पहुंचलें। ऊ इहां शिलाज अनुपम स्कूल में बनावल गइल बूथ में वोट डरलें।
09:08 AM, 05-DEC-2022

प्रधानमंत्री

Share This Article