26 सितंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 26/09/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आश्विन शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्थी

दिन के 09 बजके 33 मिनट ले

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- सुक।

विशाखा नक्षत्र

रात के 10 बजके 09 मिनट ले,

ओकरा बाद अनुराधा नक्षत्र।

विष्कुम्भ जोग

रात के 10 बजके 50 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रीति जोग।

विष्टि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 27/09/2025

आश्विन शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

दिन के 12 बजके 04 मिनट ले।

दिन- सनिचर।

अनुराधा नक्षत्र

रात के 01 बजके 08 मिनट ले।

प्रीति जोग

रात के 11 बजके 45 मिनट ले।

बालव करण।

आज के राशिफल (Rashifal)

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन परिवार आ संगत में खुसी मिली। काम धंधा में तरक्की के संभावना बा। धन लाभ हो सकेला, बाकिर खर्चा पs नियंत्रण रखे के पड़ी। स्वास्थ्य सामान्य रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

नौकरी-पेशा वालन खातिर दिन अनुकूल बा। पुरान दोस्त आ रिश्तेदार से भेंट होला। परिवारिक जिनगी मधुर रही। अनावश्यक विवाद से बांचल जरूरी बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

व्यापार में लाभ के योग बा। पढ़ाई-लिखाई में मेहनत रंग लाई। नया संबंध बन सकेला। स्वास्थ्य में सुधार रही, बाकिर खानपान पs ध्यान दीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज धैर्य आ संयम बना के रहला से फायदा मिली। परिवार में सुख-शांति रही। नोकरी में प्रोमोशन के संभावना बा। यात्रा सफल हो सकेला।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

कामकाज में सफलता मिली। धन आवक में बढ़न्ती हो सकेला। दांपत्य जिनगी मधुर रही। विद्यार्थी लोग पढ़ाई में ध्यान दीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

नया प्रोजेक्ट सुरू करे खातिर समय अनुकूल बा। कारोबार में फायदा होई। परिवार में खुसी के माहौल रही। स्वास्थ्य पs ध्यान देला के जरूरत बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज मानसिक शांति रही। परिवार के सहजोग मिली। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। बाकिर यात्रा के समय सतर्कता जरूरी बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

कामकाज में तेजी आइल बा। पुरान रूकल धन वसूल आ सकेला। परिवार के संगे समय बितवला से मन प्रसन्न रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

विद्यार्थियन खातिर दिन सुभ बा। करिअर में आगे बढ़े के मौका मिली। परिवार में सम्मान आ प्रतिष्ठा बढ़ी। स्वास्थ्य ठीक-ठाक रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

बेयपार में लाभ के योग बा। घर में मांगलिक कार्य हो सकेला। दांपत्य जिनगी मधुर रही। बाकिर खर्चा बढ़ सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज मन मोताबिक काम पूरा होई। नौकरी में पदोन्नति के योग बा। मित्र आ परिवार से सहयोग मिली। स्वास्थ्य अच्छा रही।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

भाग्य साथ दी। नोकरी आ बेवसाय में सफलता मिली। परिवार में आनंद के माहौल रही। यात्रा सुखद हो सकेला।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-