दिनांक- 26/11/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष
तिथि- षष्ठी
रात के 12 बजके 02 मिनट ले,
ओकरा बाद सप्तमी।
दिन- बुध।
श्रवण नक्षत्र
रात के 01 बजके 32 मिनट ले,
ओकरा बाद धनिष्ठा नक्षत्र।
वृद्धि जोग
दिन के 12 बजके 42 मिनट ले,
ओकरा बाद ध्रुव जोग।
कौलव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 27/11/2025
मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष
तिथि- सप्तमी
रात के 12 बजके 30 मिनट ले।
दिन- बियफे।
धनिष्ठा नक्षत्र
रात के 02 बजके 32 मिनट ले।
ध्रुव जोग
दिन के 12 बजके 09 मिनट ले।
गर करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज काम में तेजी देखल जाई। नया मौका मिली। परिवार में खुसी के माहौल रही। पईसा के ममिला बढ़िया रही।
सुभ रंग: लाल
सुभ अंक: 3
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)
कहीं जतरा के जोग बा। बेयपार में फायदा हो सकेला। घर-परिवार में सम्मान बढ़ी। खर्चा तनिका कंट्रोल करीं।
सुभ रंग: उजर
सुभ अंक: 6
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

मन तनिका बेचैन रह सकेला, बाकिर परिणाम बढ़िया मिली। संघतिया लोगन से मदद मिली। पढ़ाई-लिखाई में सफलता मिली।
सुभ रंग: हरियर
सुभ अंक: 5
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
नोकरी में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। घर के बुजुर्गन के धेयान रखीं। पईसा आवे के राह खुली।
सुभ रंग: क्रीम
सुभ अंक: 2
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

कवनो बड़ आदमी से फायदा हो सकेला। नाम-प्रतिष्ठा बढ़ी। प्रेम संबंध मजबूत होई।
सुभ रंग: सुनहरा
सुभ अंक: 1
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

पुरान काम पूरा होई। स्वास्थ्य में सुधार रही। पईसा जमा करे के मौका बा। केहू पs जल्दिये भरोसा मत करीं।
सुभ रंग: हरियर
सुभ अंक: 4
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

पति-पत्नी के बीच मधुरता रही। बेयपार में नया कांटेक्ट फायदा दी। आज फैसला सोच-समझ के लीं।
सुभ रंग: गुलाबी
सुभ अंक: 7
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
किस्मत जोर पकड़ले बा। रुकल पईसा मिल सकेला। नौकरी में तरक्की के संकेत बा। सेहत पs ध्यान दीं।
सुभ रंग: मरून
सुभ अंक: 9
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

कुछ नया सीखे के मौका मिली। जतरा सुभ रही। प्रेम जिनगी बढ़िया बा। खर्चा तनिका बढ़ सकेला।
सुभ रंग: पियर
सुभ अंक: 8
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

परिवार में खुसी रही। बिजनेस में लाभ मिली। जमीन-प्रॉपर्टी के काम आगे बढ़ी। नोकरी में बॉस से तारीफ मिली।
सुभ रंग: ग्रे
सुभ अंक: 10
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

नया प्लान सफल होई। सामाजिक सम्मान बढ़ी। उधार देवे से बांचीं। सेहत में तनिका उतार-चढ़ाव रही।
सुभ रंग: बुलु
सुभ अंक: 11
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

प्रेम संबंध मजबूत होई। नौकरी में राहत रही। धन लाभ के जोग। मन खुस रही।
सुभ रंग: आसमानी
सुभ अंक: 12








